पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे एक हप्ता से नियमित बिद्युत अवरुध, स्थानियवासी पिडित

मेघराज राय
जिराभवानी २० अगहन
पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे दैनिक रुप मे सबेरे करिब २ बजे से ८ बजे तक बिद्युत अवरुध होखे लागल बा । नियमित रुप मे बिद्युत अवरुध होखे लागला के बाद स्थानीयवासी समस्या मे पडल बाडन ।
बिद्युत अवरुध भईला के बाद अन्धकार होखेवाला भईला से पर्सा के उतरी जङ्गल क्षेत्र मे जंगली जनावरसब गाँव मे घुस के बाली नोक्सान करत पशुपंक्षी उपर भी आक्रमण करे लागल ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर पाँच के स्थानीय बिमल प्रधान बतवले बानी ।
बिद्युत अवरुध के चलते सबेरे उठके पढेवाला विद्यार्थीलोग के भी समस्या भईल बा । नियमित रुप मे सबेरे बिद्युत अवरुध भईला के चलते पोखरीया से ठोरी तक के बिद्युत पोल मे लगावल माटी के कीट मेसे कुछ कीट मे छेद भईल हो सकेके अनुमान रहल बिद्युत प्राधिकरण पोखरीया अन्तरगत ठोरी क्षेत्र के फिल्ड मेनेजर रामलाल साह बतवनी ।
सबेरे करिब २ बजे के समय शीत पडेवाला भईला से छेद भईल किट से शीत चुके फायरिङ होके बिद्युत अवरुध होखेके आ सबेरे ८ बजे के बाद शीत सुखला के बाद फेनु बिद्युत सुचारु हो रहल उ बतवले बानी । माकिर ई समस्या कउन पोल मे बा कहके पत्ता लगावल बहुते चुनौतीपूर्ण रहल भी उ बतवनी ।
“दिनके खोजके पत्ता ना लागी, रात के समय फायरिङ भईला देखला के बाद मात्र पत्ता लागेवाला भईला से ई समस्या समाधान करेमे बहुते समय लाग सकता” कहके बतवनी ।
छेद भईल किट खोजेके काम सुरु कईल बतवले बानी । बिद्युत के माध्यम से पानी तानेवाला भईला से बिद्युत अवरोध के चलते ठोरी क्षेत्र के बहुते जगहासब मे खानेपानी के भी समस्या उत्पन्न भईल बा ।






