सँसद बिघटन के बिरोध करत जसपा बारा निकललख मसाल जुलुस

प्रभु यादव

बारा ११ पुस

जनता समाजबादी पार्टी सँसद बिघटन असंबैधानिक भईल कहत कलैया मे मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बा । जसपा से बुध के दिने पाँच दिन तक आन्दोलन के बिभिन्न कार्जक्रम करे के तय भईल अन्तर्गत सनिचर के दिने बारा मे मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बाडन ।

जनता समाजबादी पार्टी के झण्डा सहित नेता आ कार्यकर्ता सब कलैया मे रहल जसपा पार्टी कार्यालय आ कलैया के गुप्ता पेट्रोल पम्प से निकलल मसाल जुलुस बजार परिक्रमा कर के भरतचौक मे कोण सभा कर के प्रधानमन्त्री ओली सरकार के कदम असंबैधानिक रहल कहत प्रदर्शन कईले रहलन ।

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से पुस ५ गते सँसद विघटन कईल जवना के जनता समाजवादी पार्टी से देशव्यापी आन्दोलन के घोषणा कर के प्रदर्शन कररहल बा ।

प्रदर्शन मे जसपा नेता सब संसद विघटन असंवैधानिक भईल प्रतिनिधि सभा विघटन कर के खारेज होखे के परल माँग सहित नाराबाजी करत मसाल जुलुस निकलले रहलन । राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के कदम असंवैधानिक भईल संसद पुनर्स्थापना करे खातिर विहान एतवार के दिने बिशाल सभा के आह्वान कईले बा ।

मसाल जुलुस कार्जक्रम मे जसपा नेता तथा प्रदेस २ के प्रदेशसभा सदस्य पारस साह, संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, बारा जिल्ला समन्वय समिति संयोजक नवलकिशोर सिंह, सुवर्ण गाँवपालिका अध्यक्ष महेन्द्र यादव, समाजबादी पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष अजय पटेल, जसपा नेता रामकिशोर यादव, सुशील यादव, शशि केसरी, श्याम गुप्ता, समाजबादी युवा संघ जिल्ला अध्यक्ष सुजित पाण्डेय लगाएत के पार्टी नेता तथा कार्यकर्ता सब के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।