गृहमन्त्री थापा आ भारतीय राजदूतबीच भेटवार्ता

काठमाण्डु ९ चईत,
गृहमन्त्री रामबहादुर थापा सँगे नेपाल के खातिर भारतीय राजदूत विनयमोहन क्वात्रा आजु शिष्टाचार भेटवार्ता कईले बानी । गृह मन्त्रालय मे भईल भेटवार्ता दु देशबीच के सम्बन्ध, आपसी सहकार्य आ सहजोग के विषय मे केन्द्रीत रहल रहे ।
नेपाल मे भारतीय राजदूत के रुप मे कार्यभार सम्हारला मे क्वात्रा के बधाई तथा सफल कार्यकाल के शुभकामना देत गृहमन्त्री थापा उनकर कार्यकाल मे दु देश के सम्बन्ध से आउर उचाई लेवेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
मन्त्री थापा नेपाल के विविध क्षेत्र के साथे सुरक्षा निकाय के तालिम आ भौतिक सामान मे भारत से करत आईल सहजोग उपर राजदूत क्वात्रा मार्फत भारत सरकार के धन्यवाद व्यक्त करत आवेवाला दिन मे भी ओकरा से निरन्तरता मिलेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
भेट मे उ विश्व्यापीरुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के महामारी से लडे खातिर सार्क राष्ट्र के देश बीच सहकार्य के जरुरत रहला मे जोड देहनी । इहे सन्दर्भ मे नेपाल–भारत सीमा से उ महामारी ना फईलो कहके सीमा नियन्त्रण मे दुनु देश के समझदारी आ सहकार्य के खातिर गृहमन्त्री थापा राजदूत क्वात्रा से निहोरा कइनी ।
राजदूत क्वात्रा नेपाल–भारत सम्बन्ध के ऐतिहासिक सम्बन्ध के चर्चा करत आपन कार्यकाल मे उ सम्बन्ध के आउर मजबुत बनावे खातिर सकेभर भूमिका खेलेके प्रतिवद्धता व्यक्त कइनी । उ कोरोना भाइरस विरुद्ध के लडाइ मे नेपाल के जरुरी सभी सहजोग करे खातिर भारत तइयार रहल बतवनी ।
कोरोना के डर के बाद के अवस्था मे नेपाल–भारत सीमा व्यवस्थापन के सम्बन्ध मे दु देश के परराष्ट्रमन्त्रीबीच भी छलफल भइल तथा नेपाल के गृह मन्त्रालय सहित के राय लेके निर्णय करे खातिर खुदसब तइयार रहल क्वात्रा बतवनी ।
उ भारतीय सहजोग मे काभ्रे के पनौति मे बने लागल नेपाल पुलीस के तालिमकेन्द्र बनावे के काम आ सुरक्षाकर्मी के सवारी साधन उपलब्ध करावे के विषय खुद से प्राथमिकता मे राखत एकरा के अलगे द्रुतमार्ग से अगाडि बढावे के जानकारी देहनी ।






