बौद्धिमाई न.पा.मे निलगाई के आतंक से किसानलोग चिन्तित

मेवालाल यादव

रौतहट १६ पुस

रौतहट मे दिन परदिन बढत गईल नीलगाई(घोड़गदहा) के आतंक से किसानलोग पिडित बनल बाडन । किसानलोग से खेत मे रोपल बालिनाली नोक्सान कईला से किसानलोग चिन्तित बनल बाडन ।

निलगाइ के बढल संख्या से किसानलोग से करेवाला मौसमी तथा बेमौसमी बाली के निलगाइ पूर्णरूप मे क्षति पुगा रहला से किसानलोग चिन्तित भईल बाडन ।

खेतिपाती मात्र पेशा भईल तथा आउर व्यवसाय ना कईल किसान के हक मे अभी के समय मे परिवार के खाए, पहिने के लगायत अनेकन सुबिधासब उपलब्ध करावेमे समस्या हो रहल बतवनी ।

किसान से रोपल बाली संकट के रुप मे जंगलीगाई कहल जाएवाला निलगाई भा घोड़गदहा से मचावल आतंक से हरेक बरीस दुःख भोगेके पडल बौद्धिमाई नगरपालिका–२ इनर्वा के एक किसान शंकर प्रसाद मस्ताना दुःख व्यक्त कईले बानी ।

किसानलोग बितल दिन से करत आईल नगदे बाली तथा तरकारी खेती निलगाइ के आतंक के चलते कमी भईल आ जेकर फलस्वरूप किसान के आर्थिक अवस्था मे भी सुधार होखे ना सकल दोसर किसान रामबालक प्रसाद पटेल बतवनी ।

अभी के समय मे कृषकलोग से रोपल गेहू, मकई, मसूरी तथा तेलहन खेति के निलगाइ से नोक्सानी पुगईला पर किसानलोग समस्या मे पडल बाडन ।

निलगाई से मच्चावल आतंक के स्थानीय सरकार लगायत प्रशासन तथा सरोकारवाला कउनो कदम ना चालला पर आवेवाला दिन मे किसानलोग के खेताबारी मे घूमफिर करेमे भी समस्या होखेके बौद्धिमाई नगरपालिका के स्थानीय किसानलोग समस्या सुनावत बाडन ।

बढल निलगाइ के संख्या के चतले अभी के अवस्था मे जनानीलोग के अकेले खेतबारी मे जाएमे मुस्किल भईल आ किसानलोग के जीविकोपार्जन के खातिर जरुरी खेतिपाती हि नष्ट भईल अवस्था मे किसानलोग के बाँचेमे भी समस्या होखेके अनेकन किसान समुह दुःख व्यक्त कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।