सरकार आ निजी क्षेत्र बीच सहकार्य जरुरी : वीरगंज के व्यवसायी

वीरगंज १६ पुस

सरकार आ निजी क्षेत्र बीच मे दरिलो सहकार्य जरुरी रहला मे वीरगंज के व्यवसायीलोग जोड देहले बाडन । वैद्य व्यापार के प्रोत्साहन आ अवैध के निरुत्साहन करे खातिर सरकार आ निजी क्षेत्रबीच दरिलो सहकार्य जरुरी रहल उलोग के तर्क बा ।

उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्ति मन्त्रालय, नेपाल–भारत क्षेत्रीय व्यापार तथा पारवहन आयोजना से कईल कार्जक्रम मे उलोग अईसन बतवले बाडन ।

वीगंज उद्योग वाणिज्य संघ के सभा कक्ष मे ‘निर्यात प्रबद्र्धन, पारवहन आ व्यापार सहजीकरण’ विषयक बतकही कार्जक्रम के आयोजना कईल रहे ।

बतकही मे बोलत संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया विकास के सम्वाहक निजीक्षेत्र आ सहजीकरण के भूमिका मे रहल राज्य पक्षबीच सही सन्तुलन एवं सह–अस्तित्व के भावना विकास होखेके बतवनी ।

उ वाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय अन्तर्गत दर्ता भईल कैयन फर्मसब कोरोना महामारी तथा आउर कारण से नवीकरण करावे खातिर छुट भईला से सहज नविकरण के व्यवस्था होखेके, घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय अन्तर्गत दर्ता भईल उद्योगसब के भी नवीकरण के खातिर समयावधि पथ करे खातिर जरुरी पहल के निहोरा कइनी ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के महासचिव माधव राजपाल कार्यपत्र प्रस्तुत करत बिहार लक्ष्मीपुर (रक्सौल) से एकीकृत भन्सार जाँच चौकी तक के रोड स्तरोन्नति करके ४ लेन के बनावेके, ई मार्ग मे रेल्वे ट्रयाक भईला से अनिवार्य रुप मे २÷३ जगहा मे आकाशे पुल निर्माण करेके, द्रुत गति मार्ग भईला से रात के खातिर लाइट के उचित व्यवस्थापन करेके लगायत के सुझाव रखनी ।

उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्ति मन्त्रालय के उपसचिव श्रीधर गौतम अभी के सन्दर्भ मे वाणिज्य तथा आपूर्ति सँगे सम्बन्धित विषयवस्तु मे कार्जपत्र प्रस्तुत कईले रहलन ।

कार्जक्रम मे वीरगंज भन्सार कार्यालय के मुख्य भन्सार प्रशासक महेश आचार्य अभी के दिन मे वीरगंज भन्सार कार्यालय से प्रदान करत सेवा सुविधा, निर्यात प्रबद्र्धन मे खेलत आईल भूमिका आ निजीक्षेत्र सँगे के समन्वय मे पुगावत आईल व्यापार सहजीकरण के बारे मे धारणा रखनी ।

कार्जक्रम मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के पूर्व अध्यक्ष गणेशप्रसाद लाठ, अशोककुमार टेमानी, अशोककुमार वैध, प्रदीपकुमार केडिया, हरि गौतम, मनोज दास, आशिष लाठ, सुमन क्याल, शिवजी साह लगायत आपन आपन धारणा रखले रहलन ।

उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्ति मन्त्रालय के सचिव बैकुण्ठ अर्याल कोभिड–१९ के चलते नवीकरण होखे ना सकल वाणिज्य कार्यालय मे दर्ता भईल फर्मसब के हक मे चईत मसान्त तक आ पुराना फर्मसब के हक मे २०७८ आषाढ १० गते तक समयावधि बढावे के गृहकार्य भइल जलदी उ सम्बन्धी परिपत्र जारी करेके बतवनी ।

बतकही कार्जक्रम से आईल चासोसब के बारे मे सम्बन्धित स्तर से छलफल करेके आ समाधान के खातिर पहल करेके प्रतिबद्धता व्यक्त कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।