प्रधानमन्त्री संविधान विपरीत कदम अगाडि बढवले बाडन : मेयर शेख वकिल

मेवालाल कुमार यादव

रौतहट २५ पुस

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली अलोकतान्त्रिक कदम चालल विरुद्ध मे नेपाली काङ्ग्रेस रौतहटद्वारा ८ गो प्रदेश सभा निर्वाचन क्षेत्र मे बिरोध जुलुस तथा बिरोध सभा कार्जक्रम पुरा कईले बाडन ।

प्रधानमन्त्री केपी ओली पुस ५ गते प्रतिनिधि सभा विघटन करके निर्वाचन करेके भी मिति तय कईले बानी ।

नेपाली काङ्ग्रेस केन्द्रिय कार्यालय मुताविक देश के सभी प्रदेश सभा निर्वाचन क्षेत्र मे संसद विघटन विरुद्ध मे बिरोध जुलुस तथा बिरोध सभा कार्जक्रम करेके समय मे रौतहट क्षेत्र नम्बर २ क प्रदेश सभा निर्वाचन क्षेत्र मे कईल बिरोध सभा मे परोहा नगरपालिका के मेयर शेख वकिल सम्बोधन करत संविधान मे स्पष्टरुप मे लिखल बा सरकार अल्पमत मे नइखे, सरकार चलावे के विकल्प रहे तक एवं संसद चले तक प्रतिनिधि सभा विघटन करे ना मिली माकिर संविधान से ना देहल अधिकार प्रतिनिधि सभा विघटन करेके, अलोकतान्त्रिक, असन्वैधानिक रबैया राखल प्रधानमन्त्री केपी ओली जनता के अभिमत के दुरुपयोग कईल उ बतवनी ।

देश मे प्रजातान्त्रिक व्यस्था के समय समय मे अईसन बिरोध करत आरहला से संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र मे प्रतिनिधि सभा विघटन कईल संविधान विपरीत रहल मेयर वकिल बतवनी ।

आपन पार्टी अन्तर्गत के आन्तरिक विवाद समाधान करे ना सकला से जनता को भविस्य से खेलवाड कईल उ बतवनी ।

नेपाली काङ्ग्रेस के सरकार समर्थन देहल नेकपा भी संविधान निर्माण से लेके लागू करावे तक साथ मे रहे ।

पञ्च वर्षीय जनादेश मिलल नेकपा अढाइ बरीस मे जनता से कईल प्रतिबद्धता के पूरा करे ना सकेके अवस्था आपन पार्टी मे लउके लागला के बाद प्रतिनिधि सभा विघटन कईल उनकर कहनाम बा ।

प्रदेश नम्बर २ के सरकार मधेशवादी दल के भईला पर भी मेधेश के कउनो विकास ना भईल उ आरोप लगवनी । प्रदेश सरकार जसपा नेता माननीय मोहम्मद लालबाबु राउत के नेतृत्व मे मधेश विकास ना होके पार्टी विकास भईल उ बतवनी ।

जसपा के इहाँ स्थानीय आ प्रदेश सभा सदस्य जितल बाडन माकिर विकास कहुँ ना देखल गईला से प्रमाणीकरण करी कि प्रदेश सरकार नाम के खातिर मात्र रहल मुख्यमन्त्री लालबाबु के चुनौती देहले रहनी ।

कार्जक्रम के उदघोष नेपाल तरुण दल रौतहट के सभापति मोहम्मद नौसाद आलम कईले रहनी । रौतहट क्षेत्र नम्बर २ ख प्रदेश सभा निर्वाचन अन्तगर्त बौधिमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर १ के भोवाली चौक स्थित बिरोध जुलुस तथा बिरोध सभा मे हजारो के संख्या मे नेताकार्यकर्ता लोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।