त्रिबेणी मे दु पक्ष बीच झडप, ३ जने घायल

बारा २९ पुस

बारा के फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. १ त्रिबेणी मे बुध के सबेरे दु पक्ष बीच झडप भईल बा । झडप मे पर के ३ जने घायल भईल बाडन ।

घायल होखेवाला मे स्थानिय ६५ बरीस के गाया साह कानु, उनकर मेहरारु ६० बरीस के मंजु देबी कनुइन आ बेटा ३० बरीस के लालु साह रहल बाडन । घायललोग के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

घायल मेसे मंजु के अवस्था गम्भिर रहल बा । उनकर मुडि फुटल बा आ मुडि मे ५ गो टाँका लागल बा । पडोसीलोग सिताराम साह कानु आ चन्दन साह कानु रड से मार के खुदसब के घायल बनावल पिडित लालु बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।