खाद्य व्यवस्था तथा व्यापार कम्पनी लि. धान किन रहल

वीरगंज २२ माघ
खाद्य व्यवस्था तथा व्यापार कम्पनी लिमिटेड शाखा कार्यालय वीरगंज चालू आर्थिक बरीस मे धान खरीद के लक्ष्य पुरा करे ना सकला के बाद धान किनेके काम जारी रखले बा ।
सङ्घीय सरकार उ कार्यालय के चालू आर्थिक बरीस मे सोना मन्सुली धान ३० हजार क्वीन्टल आ जिरा मसिनो धान पाँच हजार क्वीन्टल खरीद करेके लक्ष्य देहला मे माघ के तिसरका हप्ता तक रु ६ करोड ३७ लाख ५९ हजार ७९८ मूल्य बराबर के २२ हजार १.४५ क्वीन्टल सोना मन्सुली आ तीन लाख चार हजार ५०० मूल्य बराबर के १०५ क्वीन्टल जिरा मसीनो धान खरीद कईल उ कार्यालय जनवले बा । प्रतिशत के हिसाब से देखल जाँव त अभी तक सोना मन्सुली धान ७४ प्रतिशत आ जिरामसिनो धान २.८ प्रतिशत खरीद कईल बा ।
तोकल गईल लक्ष्य प्राप्ति ना होखे तक धान खरीद करेके उ कार्यालय के शाखा प्रमुख विकास कटुवाल बतवनी । कार्यालय अभी सोना मन्सुली धान प्रति क्वीन्टल दु हजार ८८५ रोपेया आ जिरामसिनो धान प्रति क्वीन्टल दु हजार ९०० रोपेया मे खरीद करत आईल बा ।
सोना मन्सुली धान खरीद मे लक्ष्य प्राप्ति होखे सकला के बाद जिरामसिनो धान कम उत्पादन भईला से लक्ष्य प्राप्ति होखे ना सकेके उ कार्यालय जनवले बा ।
कार्यालय मध्यमवर्गीय किसान के धान मात्र खरीद करत आईल बा । साना किसान से उत्पादन कईल धान बरीस भर खुद से खाएके खातिर राखेके आ बेसी भईल धान मात्र कार्यालय के बेंचे आ रहल सूचना अधिकारी मुनिलाल कुशवाहा बतवनी ।
जब तक प्रधान कार्यालय धान खरीद करेके निर्देशन ना देवे तक उ कार्यालय धान खरीद करेके काम जारी रखले बा ।
शुरु मे दैनिक एक हजार क्वीन्टल तक धान खरीद होत अईला मे अब किसान कम होत गईला से दैनिक ५०० क्वीन्टल मात्र धान खरीद हो रहल उ कार्यालय जनवले बा ।
निजी गल्ला व्यापारी से सरकारीस्तर मे सोना मन्सुली धान साढे ६ प्रतिशत आ जिरामसिनो धान साढे ६ प्रतिशत बेसी दाम मे खरीद कईला से पर्सा, बारा के किसान धान बेंचे खातिर संस्थान ओरी आकर्षित भईल बाडन ।
पिछिलका बरीस के बाँकी रहल जगहा से सोना मन्सुली चाउर १७२ दशमलव ५५ क्वीन्टल आ स्टीम जिरामसिनो चाउर ९९ क्वीनटल १० केजी मौज्दात अवस्था मे रहल बा ।
संस्थान से उत्पादन कईल चाउर प्रदेश २ के वीरगंज, रौतहट, हेटाँैडा आ चितवन कारागार मे पठावत आईल बा आ बाँकी चाउर माग मुताविक नेपालगञ्ज, धनगढी, सुर्खेत, पोखरा, काठमाण्डु, दाङ, भैरहवा के कार्यालय मे पठावेके आ उहाँ से उ चाउर सुदूरपहाडी क्षेत्र मे जाला ।





