जितपुर मुसहर बस्ती पुगलें पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र

जितपुर मुसहर बस्ती पुगलें पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र

बारा ०६ माघ

पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र शाह शनिचर के दिने जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–६ स्थित मुसहर बस्ती पुगल बाडन । करिब दु हप्ता से सिमरा मे रहल पूर्वराजा शाह परिवार के सदस्य लेके बस्ती पुगल बाडन ।

प्रभु शमशेर जबरा तथा राजी राणा परोपकार निजी गुठी बितल कुवार १२ गते मुसहर समुदाय के २० परिवार के उ बस्ती हस्तान्तरण कईले रहे । पूर्वराजपरिवार भितर के सदस्य से निर्माण करके हस्तान्तरण कईल बस्ती अवलोकन करे खातिर पूर्वराजा पुगल रहलन ।

पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र सँगे पत्नी कोमल, बेटी प्रेरणा लगायत पूर्वराजपरिवा के सदस्य सहभागी रहलन । बस्ती मे निर्माण भईल घर भितर घुसके पूर्वराजदम्पती मुसहर समुदाय के नागरिक से बातचीत कईले रहलन । बस्ती मे एक घण्टा बितावल उलोग चाय भी पियले रहलन ।

पूर्व राजपरिवार के स्वागत मे मुसहर समुदाय के युवायुवती सांस्कृतिक नृत्य प्रस्तुत कईले रहलन । एकरा से पहिले पूर्वराजदम्पती के बस्ती मे बसोबास करेवाला २० गो घर के परिवार के सदस्य स्वागत कईले रहलन ।

उ समय मे बस्ती मे बसोबास करेवाला नागरिक के खातिर दिवाभोजन के व्यवस्थापन कईल रहे । पूर्वराजा दिवाभोजन के खातिर बनावल गईल परिकार भी देखले रहलन । उ बस्ती के नागरिक के खाना खाए खातिर निहोरा कईले रहलन ।

पूर्वराजा के बस्ती मे स्वागत करे मिलला पर मुसहर समुदाय के नागरिक खुशी देखल जात रहे । चुवल घर मे कष्टकर जीवन विता रहल २० परिवार के खातिर प्रभु शमशेर जबरा तथा राजी राणा परोपकार निजी गुठी पाँच करोड से बेसी के लागत मे बस्ती हि निर्माण करके हस्तान्तरण कईले बा ।

उ बस्ती मे २० गो घर बा । सात धुर जमिन मे निर्माण भईल एगो घर तीन कोठरी के बा आ हरेक घर के अलगे शौचालय आ चापाकल के व्यवस्था कईल बा । ऐलानी जमिन मे बसोबास करत आईल मुसहर समुदाय के २० परिवार ओकरा एने उहे बस्ती मे रहत आईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।