जसपा आन्दोलन मे रहल माकिर निर्वाचन से नइखे डराईल : नेता झा

वीरगंज २७ माघ
जनता समाजबादी पार्टी के बरिष्ठ नेता अनिल कुमार झा विघटीत प्रतिनिधि सभा के बारे मे मुद्दा सर्वोच्च अदालत मे बहस हो रहला से अदालत के निर्णय जसपा से स्वीकार करेके बतवले बानी ।
जसपा पर्सा द्वारा आजु बीरगंज के होटेल कुमु पैलेस मे आयोजना कईल कार्यकर्ता भेटघाट के सम्बोधन करत सांसद झा प्रतिनिधि सभा विघटन असंबैधानिक भईला से जसपा आन्दोलन मे रहल माकिर पार्टी निर्वाचन से ना डराईल बतावत सर्बोच्च अदालत के निर्णय जसपा स्वीकार करके अगाडि बढेके बतवनी ।
कार्यकर्ता के बिचार सुनत नेता झा पार्टी एकीकरण भईला पर भी नेता आ कार्यकर्ता के मन ना मिलल बतावत उदेश्य पुर्ती के खातिर जसपा के सभी नेता कार्यकर्ता समायोजन मे इमानदार होखेके बतावत एकीकरण होके बनेवाला कउनो संगठन मे हमनी जईसन कठीनाइ आईल स्वभाविक भईल बतावत समयक्रम मे सभी बिषय मिलत जाएके बतवनी ।
जसपा पर्सा के अध्यक्ष जगदिश पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जसपा के केन्द्रिय सदस्यलोग शिव पटेल, सुरेन्द्र कुर्मी, रामचन्द्र पण्डित, नेजामुदिन समानी, पपु पटेल, सन्जय पाण्डेय, मुन्नी श्रीवास्तव, उषा श्रीवास्तव, रम्भा मिश्र, नेतालोग कृष्ण पटेल, जिल्ला सचिव श्रीराम गिरी, नगर अध्यक्ष द्वय ओमप्रकाश सर्राफ, कृष्ण यादव लगायात के नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।




