लागत कम करे खातिर स्वास्थ्य विमा

प्रभु यादव
बारा २८ माघ
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका मे जनप्रतिनिधि आ सरोकारवाला सब लोग के सँगे स्वास्थ्य बीमा सम्बन्धि एक दिने बतकही कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।
नेपाल सरकार स्वास्थ्य बीमा वोर्ड टेकु काठमाण्डु के आयोजना मे आ सिम्रौनगढ नगरपालिका के सहकार्य मे बतकही कार्जक्रम भईल रहे । सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर विजयशंकर यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे स्वास्थ्य बीमा वोर्ड प्रदेश २ जनकपुर के प्रमुख रमेन्द्र प्रसाद कुशवाहा वीमा के ईतिहास आ स्वास्थ्य विमा के परिचय सहित के चुनौती आ असर के सम्बन्ध मे जनकारी करावले रहलन ।
कार्जक्रम के सहजिकरण करत विमा बोर्ड पर्सा के प्रमुख हरिश प्रसाद पन्त जनता सब के बीमा करावे मे जनप्रतिनिधि आ कर्मचारी लोग के भुमिका के सम्बन्ध मे जनकारी करावले रहलन ।
सिम्रौनगढ नगरपालिका के कर्मचारी शाखा प्रमुख राजिव यादव के सञ्चालन रहल कार्जक्रम मे उपमेर रिमा देवी, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत हरिओम जयसवाल, वडा अध्यक्ष सुमित कुमार जयसवाल, हेमचन्द्र प्रसाद जयसवाल, हरिशकर प्रसाद यादव, राजेश प्रसाद यादव, दामोदर प्रसाद साह, अरविन्द कुमार यादव, कार्यपालिका सदस्य ओमप्रकाश ठाकुर लगायत के लोग स्वास्थ्य अवस्था मे योगदान देके दुःख परि जवना बेरा सहजोग मिलेवाला काम भईला से सभे मिल के लागे के प्रतिबद्धता कईले रहलन ।






