रासायनिक खाद के बिक्री प्रभावित

वीरगंज २९ माघ

कृषि सामग्री कम्पनी लिमिटेड प्रादेशीक कार्यालय सँगे पर्याप्त मात्रा मे युरिया खाद भईला पर भी बेमौसम चल रहला से एकर बिक्री प्रभावित भईल बा । शुरुशुरु मे गहँु छिटेके समय भईला से युरिया खाद के बहुते माग रहल रहे । अभी अफसिजन भईला से उ खाद बिक्री होखे ना सकल प्रादेशिक प्रबन्धक गोरखनाथ केसी बतवनी ।

चालू आर्थिक बरीस के पुस मसान्त तक मे उ कार्यालय युरिया खाद तीन हजार ६२७ दशमलव छ मेट्रिक टन, डिएपी दु हजार २२८ दशमलव २५० मेट्रिक टन आ पोटास ३५३ दशमलव ६५ मेट्रिक टन बिक्री कईला पर भी अभी उ कार्यालय के गोदाम मे युरिया दु हजार मेट्रिक टन, डिएपी तीन हजार मेट्रिक टन आ पोटास दु हजार २०० मेट्रिक टन मौज्दात अवस्था मे रहल उ कार्यालय जनवले बा ।

बङ्गलादेश से लियावे के कहल युरिया खाद फागुन के पहिलका हप्ता तक नेपाल आई । उहाँ से आवेवाला ५० हजार मेट्रिक टन युरिया खाद मेसे २० हजार मेट्रिक टन मल वीरगंज के खातिर आई । खाद आवेके क्रम जारी रहला से एकर कमी ना देखल गईला पर भी बेमौसम भईला से खाद के बिक्री सोंचल जईसन होखे ना सकल बतावल गईल बा ।

खाद आयात के खातिर सभी प्रक्रिया ओरईला से आजु से बङ्गलादेश से मल लेके कन्टेनर नेपाल के खातिर छुटल बा । पहिलका चरण मे २० हजार मेट्रिक टन प्याकिङ्ग कईल युरिया खाद लियावे खातिर भारतीय भन्सारसे प्रक्रिया मिलावे के काम हो रहल उ कार्यालय जनवले बा । पहिलका खेप मे २० हजार मेट्रिक टन खाद आवेके आ दुसरका खेप मे बाँकी रहल ३० हजार मेट्रिक टन खाद आई । नेपाल बङ्गलादेश से आजु से बङ्गलादेश के चट्टोग्राम से खाद बङ्गला जलमार्ग मार्फत जेश्वररफुल्ना, रोहनपुरर सिंहबाब होत रेलमार्गमार्फत विराटनगर, वीरगंज आ भैरहवा के गोदाम मे उ खाद आवेके बतावल गईल बा ।

ओने तिसरका देश अमन से ३० हजार मेट्रिक टन युरिया खाद नेपाल आवेके क्रम जारी रहल बा आ उ मेसे वीरगंज के खातिर १२ हजार ५०० मेट्रिक टन, विराटनगर के खातिर सात हजार ५०० मेट्रिक टन आ भैरहवा के खातिर १० हजार मेट्रिक टन होखी । कार्यालय पर्सा के १४ स्थानीय तह मे रहल ११९ गो सहकारी संस्थामार्फत उ खाद बिक्री करत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।