साढे ५ घण्टा के बाद छुटली रामकुमारी झाँक्री
काठमाण्डु २९ माघ
पुलीस नेकपा प्रचण्ड माधव समूह के केन्द्रीय सदस्य रामकुमारी झाँक्री के निःशर्त रिहा कईले बा ।
१६ माघ मे गोरखा मे आयोजित सभा मे राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी के बारे मे देहल अभिव्यक्ति के लेके महानगरीय अपराध महाशाखा राज्यविरुद्ध के कसुर मे अनुसन्धान के खातिर कहत “जरुरी पक्राउ पूर्जी” थमाके उनका के बियफे के दिने शंखमूलस्थित निवास से पकडले रहे । उनका के मीनभवन स्थित अपराध महाशाखा प्रमुख दिपक कार्की के कार्यकक्ष मे राखल गईल रहे ।
पुलीस उनका सँगे राष्ट्रपति के बारे मे देहल अभिव्यक्ति के बारे मे सोधपुछ कईले रहे । “राष्ट्रपति संस्था उपर सम्मान बा काहेकि हमनी के आन्दोलन खुन पसिना से स्थापित कईल संस्था ह” कहत झाँक्री, उहाँ पुगेवाला पात्रलोग के क्रियाकलाप के ना आलोचना कईल बा, एमे पश्चाताप करेवाला कुछो नइखे ।”
पुलीस उनका से पुछपाछ कर रहल समय पक्राउ के चौतर्फी विरोध होत रहे आ प्रचण्ड–माधव समूह सम्बद्ध युवा विद्यार्थीलोग आन्दोलन मे उतरल रहलन । चौतफी दबाब के बाद पुलीस उनका के करिब साढे ५ घण्टा नियन्त्रण मे राख के छोडले बा ।
महाशाखा प्रमुख एसएसपी दीपक थापा भी झाँक्री के निःशर्त रिहा कईल बतवनी । “संवैधानिक राष्ट्रपति उपर हमर सम्मान काल्हु, आजु आ बिहान ओतने बा । हम संविधान प्रदत्त वाक् स्वतन्त्रता आ राजनीतिक स्वतन्त्रता के हक के उपयोग मात्र कईले बानी कहनी” बतावत उ, “उहे आधार मे उनकर मरद के जिम्मा मे छोडल गईल ।”






