सशस्त्र पुलीस ११ नं गण के गस्ती टोली सुरक्षा सतर्कता बढवलख
मेवालाल यादव
रौतहट ०२ फागुन
रौतहट के सिमा नाकासब से होखेवाला भन्सार छली चोरी निकासी आ पैठारी काम के नियन्त्रण करेके शसस्त्र प्रहरी बल ११ नं. गण के टोली आजु सबेरे करिब ६ः३० बजे जिल्ला के परोहा नगरपालिका –८ नरकटिया टोल स्थित अबैध रुप मे भारत से नेपाल ओरी लियावल ६८ थान १८० किलो बराबर के मुर्गामुर्गी पकडले बा ।
करिब ५४ हजार मुल्य बराबर के मुर्गा, ३ गो मोटरसाइकल मे लोड करके लिया रहल समय गस्ती टोली के देख के तस्करलोग मोटरसाइकिल छोड के भागल सशस्त्र पुलीस जनवले बा । भारत से भन्सार छली करके नेपाल ओरी लिया रहल अवस्था मे मोटरसाइकल भी पकडल गईल बा । बरामद मुर्गी के गण के कम्पाउन्ड भितर पत्रकार, भद्रभलाआदमीलोग के रोहबर मे खान्ता खोन के नोक्सान कईल गईल बा ।
पकडाईल मोटरसाइकल द्यच् घण् त्तज्ञघढठ नं को डिस्कभर, द्यच् घण् ग् द्धठडद्द नं के साईन तथा अल्फावेट केयरमेट भईल ज्ञडठट नं के ग्यालेम्बल सहित के १ लाख ६५ हजार मुल्यांकन करके भंसार कार्यालय बुझावल गईल बा । साथे सशस्त्र प्रहरी बल ११ नं गण अभी तक भईल कार्य प्रगती आ.ब. २०७७÷०७८ के बिवरण सार्वजनिक कईले बा ।
जउना मे ४२ जने के पकडल गईल, आगलगी नियन्त्रण ४१ जने, सवारी दुर्घटना उद्धार ४७ जने, अबैध समान बरामद करके चार करोड तेइस लाख सन्ताउन्न हजार नौ सय नब्बे रोपेया के भंसार कार्यालय मे बुझावल गईल, अबैध काठ बरामद १४९ क्यु फिट, अबैध नगद बरामद एकाउन्न लाख सत्र हजार छ सय नब्बे, हथियार बरामद एक नाल एयर गन, एक नाल कटुवा पेस्तोल बरामद, बाढ मे उद्धार संख्या ६ जने बकैया मे फँसललोग, अनेकन लागु औषध बरामद सहित चार करोड तेईस लाख सन्ताउन्न हजार नौ सय एक्कासी रोपेया आईल आयोजित पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी करावल गईल बा ।