सानाहात नेपाल लईकालइकी के उद्धार कईलख

मेवालाल यादव

रौतहट ७ फागुन,

रौतहट के सदरमुकाम गौर भन्सार लगायत तराई मधेस के सभी नाका बितल बरीस के चईत ११ गते से कोरोना भाइरस संक्रमण तेजी से फईलला पर बन्द भईल रहे ।

१ बरीस नेपाल भारत सिमा बन्द भईला पर मानव अधिकार सम्बन्धि काम चुनौतीपूर्ण अवस्था श्रृजना भईला पर भी “साना हातहरु नेपाल” नामक ईन्टरनेशन संस्था पछाडि पडल नइखे ।

कोरोना भाइरस विश्व स्तर मे संक्रमण तेजी से बढत गईला पर भी साना हातहरु नेपाल रौतहट के स्टेशन मैनेजर ललन यादव मानव उद्धार सम्बन्धि काम करत आईल जनावल गईल बा ।

लकडाउन भईल चईत ११ गते से हि अभी तक रौतहट के सदरमुकाम गौर लगायत नेपाल भारत सिमा स्थिति के भईल मानव बेचविखन तथा श्रम शोषण भईल ५ जने के उद्धार कईल स्टेसन मैनेजर ललन यादव बतवले बानी । साना हातहरु नेपाल रौतहट के स्टेसन मैनेजर एवं नेपाल भारत सिमा प्रवद्र्धक के रुप मे रहल ललन यादव गौर बैरगनिया नाका से लईकालइकी, युवायुवती सहित ५ जने के घर फिर्ता कईले बानी ।

लकडाउन के चलते उनकर बाबुमाई दुर होखेवाला भईला से आवेके समस्या से फुन मार्फत लगेके आफन्त के जिम्मा लगावल उ बतवनी ।

मानव बेचबिखन अभियान विरुद्ध मे लागल आईएनजिओ कैयन भईला पर भी नम्बर १ स्थान मे सक्रिय साना हातहरु नेपाल रहल नाका स्थित प्रहरी सराहना कईल उ बतवनी ।

मानव बेचबिखन विरुद्ध मे कार्य सम्बन्धि नेपाल भारत सिमा लगे शीत जुडल तराई मधेस के सभी जिल्ला मे साना हतहरु नेपाल आपन भुमिका उल्लेखनीय राखेमे कउनो कसर बाकी रखले नइखे कहके यादव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।