लकडाउन अवज्ञा करेवाला १४ जने के बारा जिल्ला से पुलीस पकडलख

प्रभु यादव

बारा १५ चईत,
कोभिड–१९ के सम्भावित जोखिम होखे ना देवे खातिर लगावल गईल लकडाउन के प्रभावकारी कार्यान्वयन हो रहल बा ।

नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी आ नेपाली सेना संयुक्त रूप मे अनुगनम कर रहल बाडन । तीन गो निकाय के सुरक्षाकर्मी कारोना से बाँचे खातिर घर भितर रहे खातिर जिल्लावासी से निहोरा कईल बाडन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवतmा गौतम मिश्र लकडाउन के प्रभावकारी कार्यान्वयन हो रहल जानकारी देहनी ।

उ कोरोना से बाँचे खातिर बेर बेर साबुनपानी से हाथ धोवेके, गाँव÷टोल मे दोसर जगहा से आईलोग के जलदी हि क्वारेन्टाइन मे रहेके आ कुछ स्वास्थ्य समस्या देखल गईला पर स्वास्थ्य सस्था मे सम्पर्क करे खातिर निहोरा कइनी । प्रवक्ता मिश्र लकडाउन के अवज्ञा करेवाला १४ जने आ ६० गो मोटरसाइकल नियन्त्रण मे लेहल जानकारी देहनी ।

जिल्ला के १६ गो स्थानीय तह मे यतायात तथा बजार पूर्ण रूप मे बन्द रहल बा । बहुते जरुरी दोकान सञ्चालन मे रहल बा । कलैया अस्पताल मे रहल आइसोलेसन मे आउर एक जने के निगरानी मे राखल गईल चिकित्सक बीरेन्द्र मण्डल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।