दलित के हक अधिकार खातिर बनल ऐन कार्यान्वयन होखो : वक्तालोग

वीरगंज ०७ फागुन
प्रदेश २ सरकार से पारित कईल दलित सशक्तिकरण ऐन कार्यान्वयन के अवस्था, चुनौती आ अवसर विषयक जिल्ला स्तरिय बतकही कार्जक्रम आजु पुरा भईल बा ।
वीरगंज दरबार होतल मे आयोजना भईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि प्रदेश सभा सदस्य प्रहलाद गिरी समाज से छुवाछुत के पूर्ण रुपमे बहिष्कार अभियान चलावेके बतवनी । जात के चलते आदमीसब मे विभेदीकरण के मनोभाव उत्पन्न होखेवाला भईला से जात बहिष्कार अभियान सञ्चालन करके समानता के रास्ता मे चले खातिर निहोरा कइनी ।
दलित सरोकार मञ्च कञ्चनरुप नगरपालिका सप्तरी के आयोजना आ राष्ट्रिय दलित पत्रकार संघ पर्सा के समन्वय मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सरकार ऐन पारित कईल १४ महिना भइला पर भी बियफे के दिने अबगे दलित विकास समिति मे पदाधिकारी नियुक्त कईले बा ।
ऐन बनला पर भी कार्यन्वयन ना भईला से दलित समुदाय के उत्थान आ उन्नती ना भईल बतावत सेवा तथा सुविधा से बञ्चित भईल कहत कार्यन्वयन करावे खातिर दबाबस्वरुप प्रदेश २ के सभी जिल्लासब मे वीरगंज मे बतकही कार्जक्रम पुरा भईल मञ्च जनवले बा ।
ॐमञ्च के अध्यक्ष के भोला पासवान के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे उपेक्षित दलित बर्ग विकास समिति के पूर्व निर्देशक अशोक राउत, कानुन व्यावसायी प्रेमशंकर हजारी, नेपाल दलित संघ पर्सा के अध्यक्ष बुनेल राम, दलित महिला संघ पर्सा के अध्यक्ष निला राम, प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य राघव साह, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सचिव युवराज खड्का, राष्ट्रिय दलित पत्रकार संघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम पासवान, दलित अगुवा रबीभुषण राम, धिरज पासवान, शम्भु पासवान लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम के सहजिकरण दलित अगुवा एवम् प्रेस संघठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य बृजलाल पासवान कईले रहनी ।





