लागु औषध दुरब्यसनी रोकथाम सम्बन्धि दु दिने तालिम सुरु

पोखरिया १९ फागुन
लागु औषध दुरब्यसनी रोकथाम समबन्धि दु दिने तालिम आजु से पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका वार्ड नं ५ मे रहल श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक बिधालय निचुटा मे शुरु भईल बा ।
पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के सहजोग आ अरुणोदय युवा कल्ब के आयोजना मे गाँवपालिका स्तरिय लागु औषध दुरब्यसनी राकथाम समबन्धि दु दिने तालिम के उदघाटन वार्ड अध्यक्ष मोतिलाल साह कईले रहनी ।
संस्था के संयोजक शनि राउत थारु के अध्यक्ष मे भईल कार्जक्रम मे समाजसेबी प्रमोद उपाध्याय, राजु दहित लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । ४०जना के तालिम मे प्रशिक्षक अनिल कुमार आ दामोदर यादव प्रशिक्षण देहले रहनी ।





