लागुऔषध सहित दु जने पकडईलें

मेवालाल यादव
रौतहट २० फागुन
राजदेवी नगरपालिका वार्ड नं. ८ लक्ष्मीपुर स्थित जिल्ला प्रहरी कार्यालय आ मातहत प्रहरी चौकी लक्ष्मिपुर बेलविछुवा से संयुक्त रुप मे खटल पुलीस गस्ती टोली लागुऔषध सहित एक जने के पकडले बा ।
आजु सबेरे चेकजाँच करेके समय मे भारत विहार राज्य सितामढी जिल्ला वैरगनीया भकुरहर रहेवाला १८ बरीस के निखिल कुमार श्रीवास्तव आ श्याम कुमार यादव एगो साईकल मे भारत से नेपाल ओरी चोरालुकाके लागु औषध लिया रहल अवस्था मे उलोग के लागु औषध सहित पकडल जनावल गईल बा ।
उलोग के साथ मे रहल झोरा से नुफिन २ एमएल के १८० पिस, डाईजेलेप २ एमएल के १२० पिस, २ एमएल के फेनरागन १८० पिस, आ डाईजेपाम–६० पिस करके जम्मा ५४० पिस सहित उलोग के सम्मानित जिल्ला अदालत से म्याद थप करके न्यायीक हिरासत मे राख के आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट जनवले बा ।
एहितरे आठ किलो लागूऔषध गाँजा सहित महोत्तरी के दु जने सर्लाही से पकडाईल बाडन ।
पुलीस के गस्ती टोली चेकजाँच करेके समय मे लालबन्दी नगरपालिका–१३ पानी टयाङ्कीस्थित लखनदेही खोला लगे से उलोग के गाँजासहित पकडल गईल बा ।
पकडाएवाला मे महोत्तरी के पिपरा गाँवजपालिका–३ के २८ बरीस के रामआश्रे यादव आ १९ बरीस के चन्दन महतो बाडन ।
प्रदेश २–०२–००१ प ९८८८ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार उलोग मेसे रामआश्रे से लेहल झोरा से ५ किलो आ चन्दन से लेहल झोरा से ३ किलो गाँजा बरामद भईल सर्लाही प्रहरी के प्रवक्ता मदन कुँवर जानकारी देहनी । उलोग उपर आउर अनुसन्धान कर रहल पुलीस जनवले बा ।






