महागढीमाई के मेयर एकलौटी नगर चलारहल, गैर नितिगत कार्य मे संलगन

प्रभु यादव
बारा २५ पुस
बारा के महागढीमाई नगरपालिका के मेयर उपेन्द्र यादव गैर कानुनी रूप से एकलौटी नगरकार्यपालिका चला रहल बाडन कहके वार्ड नम्बर १० के वार्ड अध्यक्ष चन्दन साह आरोप रहल बा ।
वार्ड कार्यालय मे पत्रकार सामेलन कर के वार्ड अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी । कार्यपालिका के बोर्ड बईठक मे सही मातरे करावल जाला माकिर मेयर आ प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत दुनु मिल के निर्णय लिखेलन साह के आरोप रहल बा । आपन वार्ड मे योजना सब बनाके देहला पर ३५ से ४० लाख बजेट के योजना रखले रहलन साह जनकारी करावले बानी ।
पाँच बरीस तक आपना के सिखते वितगईल वार्ड मे कुल एक करोड ४० लाख तक के देहले होई पालिका वार्ड अध्यक्ष साह जानकारी करावले बानी । आपन वार्ड के मेयर यादव उपेक्षित करते आईल साह आरोप लगावले बानी । वार्ड के बजेट समेत आपना रोहवर मे खर्चा ना करे के आ मेयर आपन खुशी करवावे के काम के कानुनी उपचार खोजे अदालत पुगला पर आपन अधिकार मिलल साह जनकारी करावले बानी ।
ई बरीस ४० लाख के योजना पालिका मगले रहल देहला पर अपना खुशी योजना छुटीया के देहला पर अदालत से मिलल अधिकार के उपभोक्ता समिति गठन कर के पेठावला पर समझौता ना कर के बेवास्ता कर के काम कईला से कवनो काम सुरू ना भईला साह जनकारी करावले बानी । आपन मनमौजी कर के गैस चुलहा बटले बाडन अध्यक्ष साह के आरोप रहल बा । विकास के काम हर जनता के सेवा पुगे के चाहिँ माकिर आपन चाहल जगह मे नगर के बजेट खर्च करहल साह के सिकायत रहल बा ।
कार्यपालिका के बईठक मे गईला वाद भईल निर्णय पुस्तिका मे भईल निर्णय पर आपन चित नाबुझला पर सहमती ना भईल ना लिखेदेवे के ना करेदेवे के आ कुछ पालिका के कर्मचारी के गैर नितिगत सञ्चालन कर के पुस्तिका के लुकावल जाला अध्यक्ष साह के आरोप रहल बा । वार्ड नम्वर १० के जनता सब से वार्ड के बईठक राख के सल्लाह सुझाव से वार्ड के विकास खातिर पत्र लिख के वार्ड सदस्य कार्यवाहक वार्ड अध्यक्ष नुरहशन मिया अंसारी के पेठावला पर मेयर यादव जनप्रतिनिधि के कोठा मे थुन के राख देहम पत्र ना लेअईह कह के वेईजती कईले अध्यक्ष साह पत्रकार सम्मेलन मे आपन मन्तवय राखत जनकारी करावले बानी ।
मेयर यादव के आपने वार्ड नम्वर १० मे जनता के सामने विकास के काम आ पालिका से जनता के देहल जाएवाला सेवा सुविधा के सम्बन्ध मे नामिलल जवना के फिर अदालत तक पुगे के जनकारी साह करावले बानी । कार्यवाह वार्ड अध्यक्ष रहल नुरहशन मिया अंसारी बगल के वार्ड मे गैस सिलिन्डर बाटेला आईल आ तईयारी रहल सुन के वडा के जनता सब के सिकायत सुनकर के आम जनता के बईठा के कईल निर्णय पालिका मे मेयर के बुझावे पुगला पर कोठा मे धेर देहम भाग आब से अईसन पत्र लेके ना अईहे कहत पत्र फेक देहले बतावले बानी । जनता से मागल माग के जनकारी पालिका मे करावल नियम विपरीत ना भईल जेकरा के मेयर यादव फेक के आपना के घेरेके कहल न्याय के खोजि करे के जनकारी करावले बानी । मेयर यादव से फोन सम्पर्क करे के चहला पर फोन सम्पर्क ना होखेसकल । पत्रकार सम्मेलन मे वार्ड समिति सदस्य आ वार्ड के जनता सब के साथे पत्रकार लोग के सहभागिता रहल रहे ।






