रौतहट के धर्मपुर मे एक दिने निःशुल्क बाली स्वास्थ्य उपचार शिविर

मेवालाल यादव
रौतहट २१ फागुन
रौतहट के गढिमाई नगरपालिका ७ धनाडी धर्मपुर स्थित माध्यमिक विद्यालय मे आजु एक दिने निःशुल्क बाली स्वास्थ्य उपचार शिविर पुरा भईल बा ।
बाली संरक्षण प्रयोगशाला सिरहा के आयोजना मे सञ्चालित शिविर मे सयो किसानलोग के बालीनाली के निःशुल्क ईलाज के साथे दवाई भी देहल गईल बा । शिविर मे अनेकन गाँव के करिब एक सय ३१ जने किसानलोग प्रत्यक्ष लाभ लेहले बाडन । प्रदेश २ सरकार के भुमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारी राज्य मन्त्री योगेन्द्र यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल शिविर मे धनाडी धर्मपुर, सिंगारमन, पकहा बखरी, माधोपुर लगायत गाँव के सयो किसानलोग फायदा लेहले रहलन ।
शिविर मे किसानलोग आपन आपन बेमारी लागल अनेकन किसिम के बाली, गाछि तथा बोटविरुवा के नमुना लेके गईल रहलन ।
किसानलोग से लेके गईल बाली, गाछि तथा विरुवा मे लागल बेमारी के पहिचान करके निःशुल्क दवाई बाँटल गईल बा आ दवाई कईसे प्रयोग करेके बारेमे सिखावल गईल बा ।
बाली संरक्षण प्रयोगशाला सिरहा के अधिकृत मोहन महतो लगायत के टिम किसानलोग के बालीनाली मे लागल बेमारीसब के पहिचान करके निःशुल्क औषधी उपचार कईले बाडन ।
शिविर मे लियावल गईल अधिकांश बाली, गाछि तथा विरुवा मे लाही किरा के प्रकोप बेसी देखल गईल बाली संरक्षण प्रयोगशाला सिरहा के अधिकृत मोहन महतो बतवले बाडन । कृषि राज्य मन्त्री योगेन्द्र यादव के विशेष पहलकदमी मे ई शिविर सञ्चालन भईल रहे ।






