सदस्यता से बञ्चित करावेके काम तत्काल ना रुकला पर जिल्ला अधिवेशन ना होई : अध्यक्ष साह

मेवालाल यादव
रौतहट ११ चईत
रौतहट मे सक्रिय पत्रकारलोग के नेपाल पत्रकार महासंघ सदस्यता से बन्चित करावल कहत सोमार के रौतहट शाखा के अध्यक्ष रबिन्द्र प्रसाद साह के ज्ञापनपत्र बुझाके कार्यालय मे तलाबन्दी कईल बा ।
आजु तिसरका दिन भी रौतहट के कृयाशील पत्रकारलोग आन्दोलन के जारी रखले बाडन । नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट सहित नेपालभर के जिल्ला मे चुनाव के दिन नजिकात आईल बा । रौतहट जिल्ला मे बितल ४÷५ बरीस से दिन रात मेहनत करके फिल्ड मे खटत आईल क्रियाशिल पत्रकार के सदस्यता ना देहल दुःख के बात ह ।
नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट बितल चुनाव के समय क्रियाशिल पत्रकारलोग के सदस्यता के आश्वासन देके फेनु सदस्यता से बन्चित कईले रहे । ई बरीस भी सदस्यता के आश्वासन देके क्रियाशिल पत्रकारलोग के सदस्यता ना देके चुनाव के अन्तिम नामवली सार्वजनिक कईला पर रौतहट के क्रियाशिल पत्रकारलोग आन्दोलित बनल बाडन । नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा बितल दिन मे क्रियाशिल पत्रकार के सदस्यता ना देके गैर पत्रकारल के सदस्ता देहला पर क्रियाशिल पत्रकार बिरोध जनवले रहलन ।
बितल चुनाव के समय क्रियाशिल पत्रकार से बिरोध जनईला पर नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के पदाधिकारी चुनाव के बाद सदस्यता होखेके आश्वासन देहले रहनी । माकिर ई बरीस मे फेनु चुनाव के मिति घोषणा होखे तक क्रियाशिल पत्रकार के सदस्यता ना भईला पर क्रियाशिल पत्रकारलोग आन्दोलित भईल बाडन । दर्जन से बेसी क्रियाशिल पत्रकार चुनाव के एजेन्डा के बिरोध जनावत नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा अगाडि धर्ना मे बईठल रहे ।
क्रियाशिल पत्रकार के धर्ना मे एकबद्धता जनावत नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के अध्यक्ष रबिन्द्र साह अपनेलोग के नाम सिफारिस भईल रहे माकिर कुछ आदमी के चलते सदस्यता रुकल । अपनेलोग ना हडबडाई, अपनेलोग के सदस्यता होखी, क्रियाशिल पत्रकार के सदस्यता ना देके चुनाव हि ना होखेके हमर प्रतिबद्धता बा । एहितरे नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट के सदस्य धर्मेन्द्र साह क्रियाशिल पत्रकार के आन्दोलन उपर समर्थन जनावत उ वास्तव मे क्रियाशिल पत्रकार लोग सँगे बिभेद भईल बतवले बानी ।
क्रियाशिल पत्रकार के बितल समय मे सदस्ता ना देके गैर पत्रकार के सदस्यता देहल उचित नईखे । क्रियाशिल पत्रकार के चुनाव के समय बारम्बार ठगल गईल माकिर ई पालि क्रियाशिल पत्रकार ठगाएके बात ना होखी ।
ई बेर जईसे भईला पर भी क्रियाशिल पत्रकार के सदस्यता देवेके, एहितरे क्रियाशिल पत्रकार सदस्यता के खातिर पत्रकार महासंघ के पदाधिकारी से अवाज ना उठईला पर हमनी के आन्दोलन चरणबद्ध होखेके क्रियाशिल पत्रकार समुह रौतहट बतवले बा ।




