परोहा मे जनता अवास कार्जक्रम अन्र्तगत ४८ जने दलित के घर शिलान्यास

मेवालाल यादव

रौतहट २० चईत

प्रदेश २ सरकार के भौतिक पुर्वाधार बिकास मन्त्रालय द्वारा जनता अवास कार्जक्रम अन्तर्गत दलितलोग के खातिर पक्की घर बनेके काम सुरु भईल बा ।

प्रदेश सरकार प्रदेश २ के आठ गो जिल्ला मे बसोबास करेवाला दलित अति बिपन्न मे पडेवाला मुसहर आ डोम जातीसब के खातिर उ भवन निर्माण करे लागल बा । जनता अवास कार्जक्रम अन्तर्गत परोहा नगरपालिका वार्ड नं. ७, ८ नरकटिया मे मुसहर के खातिर पक्की घर के शिलान्यास कईल बा ।

आजु एगो कार्जक्रम के बीच रौतहट जिल्ला निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ (ख) के प्रदेश २ सांसद एवम बिधायक रामकिसोर राय यादव आ जनता अवास के प्रदेश २ के संयोजक बिधायक लाल बाबु साह संयुक्तरुप मे शिलान्यास कईले बानी ।

सांसद यादव मुसहर टोल मे जनता आवास योजना अन्र्तगत ४८ गो घर बनावेके बतवले बानी । प्रदेश सान्सद रामकिसोर यादव के अध्यक्षता मे भईल शिलान्यास कार्जक्रम मे परोहा नगरपालिका के वार्ड नम्बर ७, ८ मे ४८ गो घर इहे आर्थिक बरीस भितर मे बनावेके जनावल गईल बा ।

शिलान्यास कार्जक्रम मे संचारकर्मीलोग से पुछल सवाल के जवाफ देत सांसद यादव बहुते बिपन्न मुसहर आ डोम जाती बाहेक सुकुमबासी जनतालोग के खातिर खुद प्रदेश सरकार से पहल करेके बतवनी ।

घर ना भईल आ खुल्ला अकाश के निचे रहत आईल आदमीसब के खातिर आवेवाला बरीस मे प्रदेश सरकार से घर बनावे खातिर पहल करेके बिश्वास दिलवनी । जनता अवास से बने लागल घर मे कईसन आ केतना गुणस्तरिय काम हो रहल बा, एकरा मे खुदे घरबेटी से हि निगरानि करेके बतवनी ।

उ घर निर्माण के बाद खुद अनुगमन तथा निरिक्षण मे अईला पर जदि ओमे कहुँ कमश्ल काम देखल गईला के बाद ओईन आदमी आ ठेकेदार के कारवाही तथा जरिवाना तिरावेके चेतावनी देहनी । प्रति ब्यक्ति के घर बनईला पर प्रदेश सरकार के साढे तीन लाख रोपेया खर्च हो रहल कहत ओकर सहि सदुपयोग करेके सांसद यादव बतवनी ।

शिलान्यास कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि जसपा के नेता एवं प्रदेश सांसद लाल बाबु साह, जसपा पार्टी क्षेत्र न. २ (ख) के बिधायक रामकिसोर यादव, समाजसेवी ओम पटेल, स्थानिय मुसहर समुदाय के आदमी, समाजसेवी लगायत अनेकन राजनितिक दल के आदमीसब के सहभागीता रहल रहे ।

उहे कार्जक्रम मे अनेकन पार्टी छोडके दु दर्जन नेता कार्यकर्तालोग जसपा मे प्रवेश कईले रहलन । प्रवेश करेवाला मे रंजित बैठा, विरेन्द्र पटेल, गगनदेव पटेल, नन्दु यादव लोग के राष्ट्रिय बिधार्थी संघ के ओम पटेल टिका माला पहिना के स्वागत कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।