आगलागी पिडित के बौधिमाई नगरपालिका राहत देहलख

मेवालाल यादव

रौतहट ३० चईत

आगलागी पीडित परिवार के मलम लगावे के उदेश्य से रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका के मेयर राजिव रन्जन उर्फ राजु यादवद्वारा दु सदस्यीय टोली पठाके तत्काल जीवन यापन करे करावे खातिर राहत वितरण करवले बाडन ।

रौतहट जिल्ला के बौधिमाई नगरपालिका बितल शनिचर के रात अचानक घर मे आगलागी भईला से घरपालुवा जनावर सहित धनमाल भी जरके नोक्सान भईल रहे ।

बौधिमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर १ अजगैबि मे बितल शनिचर के रात करिब १० बजे घर मे अचानक आगलागी भईला पर पिडित बनल के नगर उप–प्रमुख प्रेमलता कुशवाहा एवं निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रामेश्वर राय यादव सहित के टोली राहत बँटले बाडन ।

बौधिमाई नगरपालिकाद्वारा चाउर ५० किलो, दाल २ किलो, नुन ५ किलो। पियाज ५ किलो, आलु ५ किलो, त्रिपाल २ पिस, तेल २ किलो, तरकारी, मसला लगायत के सामान सहजोग कईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।