जगदम्बा स्टिल के लोहा गलावेवाला भट्टी भडकला पर ४ जने घायल

वीरगंज १३ अगहन

बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–२ सिमरास्थित जगदम्बा स्टिल प्रा.लि. के लोहा गलावेवाला भट्टी भडकला पर ४ जने घायल भईल बाडन । घायल मेसे १ जने के अवस्था गम्भिर बा ।

सर्लाही के सक्रौल गाँवपालिका–६ रहेवाला ४० बरीस के बिकिन्द्र यादव गम्भिर घायल भईल बाडन । समाचार तइयार करे तक उनकर नेशनल मेडिकल कलेज मे ईलाज हो रहल बा ।

दुर्घटना मे भारत मोतिहारी जिल्ला रहेवाला अन्दाजी २६ बरीस के नईमुदिन आलम, भारत शिवन ग्राम जिल्ला रहेवाला ४८ बरीस के जनक देव यादव आ सर्लाही बरथवा नगरपालिका–५ रहेवाला २८ बरीस के मुकेश साह सामान्य घायल भईल बाडन ।

आलम आ यादव के तराई अस्पताल सिमरा मे आ वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे ईलाज हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।

शनिचर के सबेरे पौने १ बजे लोहा लगावेवाला भट्टी अचानक भडकला पर भट्टी मे काम कर रहल उलोग घायल भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।