वीरगंज मे आउर १ कोरोना संक्रमित पुरुष के मृत्यु
वीरगंज ०७ बैशाख
वीरगंज मे आउर एक संक्रमित पुरुष के मृत्यु भईल बा । वीरगंज के गण्डकस्थित नारायणी बयोधा अस्पताल मे १० दिन से ईलाज करा रहल वीरगंज महानगरपालिका–१४ के ५७ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
बितल चईत २९ गते स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद उनका के नारायणी बयोधा अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । मुटु के दीर्घरोगी रहल उ पुरुष के स्वाब संकलन करके नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पीसीआर परिक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
संक्रमण पुष्टि भईला के बाद नारायणी बयोधा अस्पताल मे उनकर ईलाज चलत रहे । ईलाज के समय मे मंगर के दिने सबेरे पौने १ बजे संक्रमित पुरुष के मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
डाक्टर दास के मुताविक उ कुछ दिन पहिले मात्र भारत के दिल्ली से घर आईल रहलन । कोरोना के दुसरका लहर शुरु भईला के बाद वीरगंज मे ६ जने संक्रमित के मृत्यु भइल बा ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ४ जने आ नारायणी बयोधा अस्पताल मे दु जने के मृत्यु भईल डाक्टर दास बतवनी । मृत्यु होखेवाला ६ जने मे पर्सा के ५ जने आ बारा के १ जने रहल बाडन ।





