वीरगंज मे कोरोना से एक दिन मे चार जने के मृत्यु

वीरगंज १४ बैशाख
वीरगंज मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से मंगर के सँझिया आउर एक जने के मृत्यु भईल बा । एकरा सँगे वीरगंज मे मंगर के दिने मात्र कोरोना से मृत्यु होखेवाला के संख्या चार पुगल बा ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल पर्सा के पोखरीया नगरपालिका–२ के ७२ बरीस के बुढ के मंगर के सँझिया साढे ७ बजे मृत्यु भईल बा ।
स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद बुढ के सोमार के दिने नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । सोमार के दिने हि उनकर स्वाब संकलन करके एन्टिजेन परीक्षण कईला पर कोरोना पुष्टि भईल रहे ।
अवस्था जटिल बनत गईला के बाद भेन्टिलेटर मे राख के ईलाज कर रहल समय बुढ के सँझिया मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डा. सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
एकरा सँगे वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे मंगर के दिने मात्र कोरोना से मृत्यु होखेवाला के संख्या ४ पुगल डाक्टर दास जानकारी देहनी ।
मंगर के दिने हि वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल बारा के परवानीपुर के ४५ बरीस के संक्रमित पुरुष, वीरगंज महानगरपालिका २५ सिर्सिया के ६५ बरीस के संक्रमित जनानी आ बारा के जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २ के ४० बरीस के संक्रमित जनानी के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज मे मंगर आ सोमार के दिने करके कोरोना से ७ जने के मृत्यु भईल बा । सोमार के दिने भी वीरगंज मे ३ जने संक्रमति के मृत्यु भईल रहे । कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईल एने कोरोना संक्रमण के चलते वीरगंज मे मृत्यु होखेवाला के संख्या १८ पुगल बा ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे १४, नारायणी बयोधा अस्पताल मे ३ आ गण्डक अस्पताल मे १ जने के मृत्यु भईल बा । मृतक १८ जने मेसे पर्सा के १३, बारा के ४ आ सर्लाही के १ जने बाडन ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे अभी भी ५४ जने संक्रमित के ईलाज हो रहल बा । सभी के अवस्था जटिल रहला से अक्सिजन लगाके राखल गईल डाक्टर दास बतवनी । पाँच जने के अवस्था जटिल रहल बतावल गईल बा ।





