रौतहट मे आउर दु संक्रमित के मृत्यु, ५४ संक्रमित थपईलें

रौतहट ७ जेठ

रौतहट मे शुक के दिने कोभिड– १९ के ५४ संक्रमित थपईला पर दु जने के मृत्यु भईल बा । जिल्ला अस्पताल के पीसीआर ल्याब मे शुक के दिने ३७४ के नमुना परीक्षण कईला पर ५४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा । थपाईल संक्रमित मेसे सब से बेसी चन्द्रपुर नगरपालिका के रहल बाडन ।

चन्द्रपुर मे १४२ आ गौर मे १०८ जने संक्रमित थपईला सँगे रौतहट मे कोरोना संक्रमित के कुल सँख्या ७ सय ५१ पुगल बा ।

शुक के दिने रौतहट के चन्द्रनिगाहपुर के दु जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा । चन्द्रपुर–४ के ५५ बरीस के पुरुष के चितवन के भरतपुर मे आ ८२ बरीस के बुढ के वीरगंज मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा । कोरोना के दुसरका लहर मे कोरोना से मृत्यु होखेवाला के संख्या ६६ पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।