स्रोत ना खुलल पौने ५४ लाख रोपेया सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज १३ जेठ,
पुलीस वीरगंज से स्रोत ना खुलल ५३ लाख ८० हजार रोपेया सहित दु जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे बारा के प्रसौनी गाँवपालिका– ६ रहेवाला २६ बरीस के आनन्द गुप्ता आ वीरगंज–११ श्रीपुर रहेवाला १९ बरीस के प्रकाश जैसवाल रहल बाडन ।
उलोग दुनु जने अवैध वित्तिय कारोबार (हुण्डी) कर रहल बाडन कहके सूचना अईला के बाद उलोग उपर निगरानी करेके समय मे बियफे के सबेरे २४ लाख रोपेया सहित जैसवाल के नियन्त्रण मे लेहल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता एवं प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल बतवनी ।
पकडाईल दोसर आदमी गुप्ता के डेरा मे खानतलासी कईला पर २९ लाख ८० हजार रोपेया बरामद भईल उ बतवनी ।
स्रोत ना खुलल रोपेया सहित दुनु जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखके आउर अनुसन्धान शुरु कईल उ बतवनी । उलोग विरुद्ध बैंक तथा वित्तीय संस्था सम्बन्धी ऐन, २०७३ विरूद्व के कसुर मे आउर अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल उ बतवनी ।





