कोरोना संक्रमित के ईलाज मे रौतहट ग्राण्डि अस्पताल सक्रिय

मेवालाल यादव
रौतहट २१ जेठ
रौतहट मे एक प्राइभेट अस्पताल कोरोना के मरेजीलोग के शतप्रतिशत ठिक कईले बा । जिल्ला के गरुडा नगरपालिका के वार्ड नम्बर ५ झाझपुल मे सञ्चालन मे रहल रौतहट ग्राण्डि अस्पताल प्रा.ली. कम समय मे हि कोरोना भाइरस के महामारी के लडाइ मे सफलता हासिल कईले बा ।
रौतहट मे पिछिलका समय कोरोना भाइरस के उच्च जोखिम के रहल समय रौतहट ग्राण्डि अस्पताल के स्वास्थ्यकर्मीलोग कोरोना के मरेजीलोग के शत प्रतिशत ठिक करेमे सफल भईल बा । नेपाल सरकार होमआइसोलेसन मे हि रहेके प्राथमिकता देहला के बाद रौतहट के कोरोना संक्रमितलोग घर मे हि रहत आईल बा । रौतहट लगायत सर्लाही, महोत्तरी, धनुषा के २५ जने संक्रमितलोग आपन अस्पताल मे ईलाज के बाद ठिक भईल डाक्टर संजिप जयसवाल बतवनी ।
कोरोना संक्रमितलोग अन्तिम अबस्था मे फोक्सो मे भाइरस से आक्रमण कईल अबस्था मे आवेके आ अक्सिजन बिना बाँचे ना सकेके अवस्था के अस्पताल के अथाह प्रयास के बाद मरेजीलोग कोरोना जिते सकल डाक्टर राकेश स्वर्णकार बतवनी । कोरोना के लडाइ मे रौतहट ग्राण्डि अस्पताल मे ईलाज मे कउनो कमी ना रहल संक्रमितलोग बतवले बाडन । बितल बरीस २०७७ फागुन २६ गते से सञ्चालन मे आईल उ अस्पताल कोरोना भाइरस के दुसरका लहर के संकट के समय मे २०७८ बैशाख २४ गते से सुविधा सम्पन्न कोभिड वार्ड सञ्चालन मे लिआईल रहे । अस्पताल मे भेन्डिलेटर सहित आइसियु, अक्सिजन लगायत के सुविधा रहल बा । रौतहट के मध्य भाग गरुडा झाँझ पुल मे रहल ई अस्पताल मे सहज सरल आ सुविधा सम्पन्न सेवा प्रदान करेमे कउनो कन्ज्युसाइ ना होखेके सञ्चालक डाक्टर संजीव जयसवाल बतवनी ।
उ अस्पताल मे डाक्टरलोग के टिम मे डाक्टर स्वर्णकार सँगे डा.विक्रान्त मेहता, डा.सुभाष सिंह, डा.सृजने खाती, हे.अ.सुर्यनारायण यादव, सुर्यनारायण यादव, राकेश यादव, अ.हे.व. विजय यादव, अनमी तिर्थ तमाङ्ग, माया गुरूङ, लैब टेकनिसियन जितेन्द्र मुखिया, रेडियोग्राफर मन्दिप चौधरी, स्टाफ नर्स खुसबु यादव रहल बाडन । रौतहट मे दक्ष जनशक्ति सहित सुविधा सम्पन्न हस्पिटल के रूप मे ग्राण्डी हस्पिटल परिचित होत गईल बा ।






