लगातार के पानी से धान के बिया नोक्सान हो रहल
वीरगंज ०१ असाढ
कुछ दिन एने मनसुन सक्रिय भईला के बाद लगातार के पानी के चलते पर्सा जिल्ला के किसानलोग से बिराड मे गिरावल धान के बिया मे नोक्सानी पुगल बा ।
किसानलोग धान खेती करे खातिर बिराड मे बिय गिरईला पर भी लगातार के पानी के चलते बिय जामेमे समस्या तथा बिराड मे पानी जमला से भी समस्या भईल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा जनवले बा ।
पर्सा के ८० प्रतिशत किसान धान के बीया गिरा चुकल बाडन । लगातार के पानी के चलते २० प्रतिशत बिया नोक्सान भईल कार्यालय के निमित प्रमुख मुनिलाल प्रसाद बतवनी ।
अबगे बिय गिरईला के चलते टुसा ना लागला से नोक्सानी भईल बतावल गईल बा । पर्सा मे चईते धान तीन हजार ५०० हेक्टर, भदैया धान आठ हजार ५५० हेक्टर आ अगहनी धान ३५ हजार हेक्टर करके ४७ हजार ५० हेक्टर मे धान खेती होत आईल बा ।
एहितरे मनसुन के चलते लगातार के पानी से पर्सा जिल्ला के ग्रामीण क्षेत्र मे तरकारी बाली भी नोक्सानी भईल बा । वर्षात के चलते ग्रामीण क्षेत्र के रास्तासब मे पाँकी भईला से आवतजावत मे भी समस्या भईल बा ।






