आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के सत वाँ सभा पुरा

प्रभु यादव
बारा ०७ असाढ
बारा के आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के सतवा सभा सम्पन्न भईल बा । गाँवपालिका अध्यक्ष मह्मद मुस्तुलफा गाउँ सभा के बायनर खोल के उदघाटन कईले रहलन ।
गाँवपालिका के गाउँ सभा के उदघाटन करत अध्यक्ष मुस्तुफा जनता के खातिर विकास के काम मे हरेक समय तयार रहे के जनकारी करावले बानी ।
आ.व. २०७८ आ २०७९ के नीति तथा कार्जक्रम मे शिक्षा, स्वास्थ्य, खानेपानी आ सरसफाई, खेलकुद, धर्मसंस्कृती, सडक पुल, विधुत, गाछ रोपे के उद्दम विकास, पर्यटन, कृषि पशु विकास आ छोटा उधोग सब के प्राथमिकता मे राख के विकास करे के बनावल गईल अध्यक्ष मुस्तुफा जनकारी करावले रहनी ।
सत वाँ गाँवसभा मे नीति तथा कार्जक्रम के आ.व. २०७८÷०७९ के खातिर गाँवपालिका उपाध्यक्ष पुनम देवी साह ४३ करोड ७० लाख ३६ हजार तीन सय पाँच रोपेया के बजेट प्रस्तुती कईले रहली ।
बजेट मे राजश्व बाँडफाँड छव करोड ८६ लाख वितिय समिकरण १० करोड ७१ लाख, विशेष अनुदान ५० लाख सम्पुरक तीन करोड ४२ लाख प्रदेश सरकार के एक करोड ४७ लाख २६ हजार तीन सय तीन सय पाच रोपेया आ आन्त्रिक स्रोत छव करोड १० लाख के रहल जनकारी करावले बानी ।
कार्जक्रम मे कार्यपाली के सदस्य, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत, पत्रकार, कर्मचारी सब के सहभागिता रहल रहे ।






