पर्सा मे निषेधाज्ञा आउर सहज, बजार दिनभर खुली

वीरगंज १३ असाढ
पर्सा मे आउर सहज बनाके असाढ २० गते तक निषेधाज्ञा बढावल गईल बा । प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे एतवार के दिने सूचना जारी करत निषेधाज्ञा असाढ २० गते मध्यरात १२ बजे तक कायम राखेके जानकारी देहले बाडन ।
ई बेर निषेधाज्ञा के आउर सहज बनावत दोकान, व्यवसाय दिनभर हि खोले मिलेके व्यवस्था कईल बा । दोकान, व्यवसाय सञ्चालन कईला पर जनस्वास्थ्य सुरक्षा के मापदण्ड के अनिवार्य पालना करेके प्रशासन बतावत आईल बा ।
‘दोकान, व्यवसाय दिनभर हि खोलेके कहके निर्णय भईल, उहे मुताविक निषेधाज्ञा जारी कईल गईल बा,’ कहत उ, ‘जनस्वास्थ्य मापदण्ड के अनिवार्य पालना करे खातिर आ भीडभाड ना करे खातिर कहल गईल बा ।’
असाढ ७ गते से खाद्यवस्तु दवाई आ स्वास्थ्य सेवा से सम्बन्धित दोकान नियमित सञ्चालन करेके आ बाँकी आउर सभी दोकानसब सबेरे १० बजे से ५ बजे तक खोलल जात रहे । बजार मे दोकान व्यवसाय सञ्चालन कईला पर जनस्वास्थ्य मापदण्ड के खासे पालना होत नईखे ।
वीरगंज के होटल तथा पर्यटन व्यवसायी व्यवसाय सञ्चालन करेके वातवरण बना देवेके माग करत ज्ञापनपत्र बुझईला पर भी उलोग के माग के विषय मे कुछो निर्णय नईखे कईल गईल ।
नयाँ भेरियन्ट सहित के कोरोना भाइरस संक्रमण फईलला के बाद पर्सा मे वैशाख १६ गते से निषेधाज्ञा लागू कईल बा । असाढ ७ गते से निषेधाज्ञा के कुछ सहज बनावल गईल बा ।
असाढ ७ गते से हि स्वास्थ्य सुरक्षा के मापदण्ड के अनिवार्य पालना कराके स्थानीय तह मुताविक पालहा मिलाके आदमीसब के भीडभाड ना होखेवाला किसिम से सरकारी, सार्वजनिक, निजी कार्यालयसब सेवा प्रवाह करेके आ कार्य सञ्चालन करा रहल बाडन ।
एहितरे निजी सवारी साधन जोर बिजोर प्रणाली मुताविक सञ्चालन भईल बा ।






