जनमत पार्टी के कार्जक्रम मे पुलीस के हस्तक्षेप, आधा दर्जन घायल

मेवालाल यादव
रौतहट १२ कातिक
जनमत पार्टी के कार्यकर्तालोग मशाल जुलुस निकालेके खोजला पर पुलीस से हस्तक्षेप कईला पर भईल झडप मे पर के आधा दर्जन से बेसी कार्यकर्ता घायल भईल बाडन ।
रौतहट जिल्ला के सदरमुकाम गौर मे पुर्व घोषित आन्दोलन के कार्जक्रम मुताविक के जुलुस निकावे के खोजला पर पुलीस से दमन करके कार्जक्रम असफल बनावे के खोजला के बाद जनमत के कार्यकर्ता प्रहरी विच झडप भईल बा ।
पुलीस से कईल लाठी प्रहार से करिव ८ जने कार्यकर्ता घायल भईल जिल्ला सचिव विकास कुमार यादव दावी कईला पर भी २ जने पुलीस घायल भईल जनावल गईल बा । घायललोग के जिल्ला अस्पताल गौर मे ईलाज हो रहल आ आउर घायल समान्य अवस्था मे रहल जिल्ला अस्पताल गौर जनवले बा ।
जनकपुर मे भ्रष्टाचार विरुद्ध शान्तिपूर्ण धर्ना मे बईठल समय पुलीस से पकडल १७ जने कार्यकर्ता के रिहाइ के माग करत जनमत पार्टी आन्दोलन के घोषणा कईले बा । प्रदेश सरकार के लक्षित करके जनमत पार्टी के कार्यकर्तालोग नारावाजी करत मशाल बारके जुलुस निकलले रहलन ।
प्रदेश २ मे बेसी भ्रष्टाचार बढल कहत जनमत कार्यकर्तालोग मुख्यमन्त्री महमद लालबाबु राउत गद्दी के तिखो आलोचना भी कईले बा । पुलीस से हस्तछेप कईला के बाद हल्का तनाव उत्पन्न भईला के बाद झडप भईल रहे । शुक के सँझिया ५ बजे से प्रदर्शन मे उतरल जनमत के कार्यकर्तालोग पुलीस प्रसासन विरुद्ध कडा नारावाजी कईले रहलन ।
कार्जक्रम के सम्वोधन करत केन्द्रिय सदस्य ललित मल्लिक शानु भ्रष्टचारी उपर कारवाही कईला के बदले राज्य से संरक्षण करेवाला काम कर रहल आरोप लगवनी । उ जनमत पार्टी के निर्दोष कार्यकर्ता के सरकार बलपूर्वक हिरासत मे राखल बतवनी ।
साइकल खरिद मे अनियमितता भईल विषय मे प्रदेश सरकार छानविन भी ना करके भ्रष्टचारी के जोगावे के ओरी लागल टिप्पणी कइनी । भ्रष्टाचार के निर्मुल करेके उदेश्य से जनमत पार्टी लागल बतावत भ्रस्टचारी के राज्य के रकम दोहन ना करेके आ सचेत होके नेपाली जनता के कार्य करे खातिर सुझाव देत जनता से भ्रष्टचारी के जनकारवाही करेके चेतावनी देहनी । प्रदर्शन मे जनमत पार्टी के सयो कार्यकर्तालोग के सहभागी रहल रहे ।





