मालपोत कार्यालय बारा भ्रष्टाचारी के अखडा बनल

प्रभु यादव

बारा २० असाढ

बारा के मालपोत कार्यालय कलैया मे भ्रष्टाचार बढल सेवाग्राही सब के सिकायत कर रहल बाडन ।

सेवाग्राही लोग काम करावे आईल जवना लोग के कार्यालय मे रहल सभी फाँट मे पईसा बिना देले कवनो फाईल अगाडि ना बढेला कलैया २ के भोला यादव के सिकायत रहल बा । आपना सब के सधारण किसान मालपोत मे बैंक से दु आ तीन लाख कर्जा लेवेला दृष्टीबन्धक करावे कईला पर सरकारी दस्तुर के अलावा लेखन्दासलोग फाट घुमावेला पइसा विना लेहले काम ना करेलन करैयामाई गाँवपालिका ३ बजनी के पुनित साह सिकायत कईले बानी ।

मालपोत माल अड्डा रहल बा एक हजार रोपेया लागेवाला जगह मे १० हजार देवे के पडेला प्रसौनी २ के दिवाकर साह जनकारी करावले बानी । नेपाल कानुनी लेखापढी एसोसियन बारा के अध्यक्ष बृजकिशोर यादव से जनकारी लेहला पर कर्मचारी कम भईल आ काम करावेला हरेक फाँट मे विना पईसा लेहले काम ना करेला ओहीसे सेवाग्राही से लेके देवे के पडेला आ काम करावल जाला जनकारी करावले बानी ।

लेखनदास लोग आपना खातिर ना कर्मचारी लोग के खातिर पईसा लेके कार्यालय मे काम करावे लेजाला ना देहला पर कवनो फाईल के काम मे ढिलाई होके काम ना कईल जाला ओकरा बध्यता रहेला ओईही से सेवाग्राही से पईसा लेके जवन जवन जगह जईसन किसिम से लागेला ओही तरे देहल जाला अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी । कुछ सेवाग्राही सब आपना के बहुत व्यस्त रहेला उलोग पईसा देके होईतका जल्दी करवादी काम कहला से आदत कर्मचारी लोग बिगडल जवना के चलते विना पईसा के काम ना होखेला अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी ।

कार्यालय प्रमुख से लेखापढी एसोसियसन के पूरा समिति भेट कर के पईसा ना लेवेके जनकारी करवले बानी, कुछ दिन के समय देहले बानी सुधार होई विश्वास लाग रहल बा अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी । कार्यालय प्रमुख गोपाल प्रसाद बराल से जनकारी कईला पर सेवाग्राही के बात मिलगई त कवनो बात ना होखेला बात ना मिलला पर सिकायत कईल जाला जानकारी देहनी ।

कर्मचारी निर्देशन देहल बा कवनो किसिम के रोपेया स्वार्थ पुर्ती के खातिर ना लेवे के प्रमुख बराल जवाफ देहले बानी । सर्वसधारण जनता सिकायत ना कईले होईहन जमिन के कारोबारी करेवाला कईले होईहन प्रमुख बरावल जनकारी करावले बानी ।

भ्रष्टाचार बढल सिकायत आरहल बा प्रमुख बराल से पुछला पर कवनो फाँटवाला पईसा ना लेवेला पहिलहि कहनिह बात मिलित सब कुछ ना मिलित सिकायत एतने मे सब बात बुझे के परल कहके गैरजिम्मेवार पूर्ण जवाफ देहनी । पईसा देवेवाला लोग मागेवाला के कारवाही करो प्रशासन निर्देशन करी अउरी काकर सकत बा प्रमुख बराल उतर देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।