नेशनल मेडिकल कलेज छात्रवृत्ति मे पढेवाला विद्यार्थीसे तिरेवाला शुल्क घटवलख

काठमाण्डु २३ असाढ
वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेज त्रिभुवन विश्वविद्यालय से निर्देशन देहला पर सरकारी छात्रवृत्ति मे पढललोग सँगे शुल्क ना लेवेके जवाफ देहले बा ।
सरकारी छात्रवृत्ति मे चिकित्सा शास्त्र अध्ययन कईल रामजी रामसहित के विद्यार्थी सँगे शुल्क माग कईल विषय मे त्रिवि के चिकित्सा शास्त्र अध्ययन संस्थान स्पष्टीकरण पुछला के बाद नेशनल ई विवाद विद्यार्थी सँगे ना होके त्रिवि सँगे भईल बतवले बा ।
चिकित्सा शिक्षा आयोग आ चिकित्सा शास्त्र अध्ययन संस्था (आईओएम) रामजी रामसहित के विद्यार्थी सँगे अतिरिक्त शुल्क ना लेके परीक्षा फारम भरे देवेके निर्देशन देहले रहे । आयोग आ आईओएम के निर्देशन के बाद कलेज छात्रवृत्ति मे पढल विद्यार्थी के एकरा से पहिले लगावल शुल्क मे कुछ कटौती कईले बा ।
रामजी राम के वार्षिक शुल्क पाँच लाख ९८ हजार, भर्ना शुल्क २५ हजार, आउर शुल्क २४ हजार तीन सय कटौती करके १ लाख ८५ हजार तिरेके कहले बा ।
कलेज तीन महिना के होस्टल शुल्क, तीन महिना के इन्टरनेट शुल्क, प्रयोगशाला शुल्क, लाइब्रेरी शुल्क, परीक्षा शुल्क, त्रि.वि सम्बन्धन शुल्क लगायत करके १ लाख ८५ हजार रोपेया तिरेके कहल राम बतवनी ।
उ खुदसब के कलेज से ‘त्रिवि ना लेवेके कहला पर ना लेके परीक्षा मे सहभागी करावल जाई, ई तोहनी से ना, लडाइँ कहल त्रिवि सँगे ह । काहे कलेज सँगे आके लडाइँ कईल जाई । त्रिवि सँगे लड’ कहल बतवनी । रामजी कहनी, ‘कलेज से कहल मुताविक ह त त्रिवि आपन निर्णय कार्यन्वयन ना कईल देखल गईल । अब त त्रिवि सँगे खुदे बनावल व्यवस्था कार्यन्वयन कर कहके ह ।’
चउथका बरीस मे अध्ययनरत रुकेशकुमार राम आ तिसरका बरीस मे अध्ययनरत प्रमोदकुमार राम दाजुभाइ हउवन् । उलोग के भी होस्टल के लागेवाला खर्च से दोब्बर शुल्क लेवेके खोजला के बाद होस्टल छोड के बाहर रहेके तइयारी कर रहल बाडन ।
रुकेशकुमार सञ्चारकमी से बात करत कहनी, ‘होस्टल से तोकल मुताविक मेस के एक लाख ५० हजार होखेके चाहिं माकिर २ लाख ७६ हजार माग कईले बा । हमनी दाजुभाइ हई । दु जने के तिरेके पडला पर बहुते होखी । उहे चलते होस्टल छोडेके बिचार मे बानी ।’
कलेज रुकेशकुमार राम के एकरा से पहिले ८ लाख ७८ हजार ७८१ तिरेके कहले रहे । अभी परीक्षा शुल्क, होस्टल शुल्क लगायत के शुल्क करके दु लाख ७६ हजार ८८३ तिर के फारम भरे सकेके जानकारी देहले बा । एहितरे तिसरका बरीस मे अध्ययनरत प्रमोदकुमार राम के कलेज १२ लाख तिरेके कहले रहे आ अभी परीक्षा शुल्क, होस्टल शुल्क लगायत करके दु लाख १८ हजार ५४२ तिर के फारम भरे सकेके कहले बा ।
रुकेश कहलन, ‘अब खोज के तिरेके त होखी । परीक्षा त देवेके पडल । हरदम परीक्षा देवेके समय होखेवाला लफडा से पढाइ भी बिगडेके डर बा । दोसर बरीस से अईसन ना होखो ।’ परीक्षा फारम भरेके मिति मंगर तक रहल रहे ।
छात्रवृत्ति मे चिकित्सा शास्त्र अध्ययन करके विद्यार्थी सँगे कलेज परीक्षा के मुख मे अतिरिक्त शुल्क माग करत फारम भरे ना देहला के बाद उलोग असाढ ७ गते चिकित्सा शिक्षा आयोग आ चिकित्सा शिक्षा अध्ययन संस्थान (आईओएम) मे निवेदन देहले रहलन ।






