कृष्ण जन्माष्टमी के अवसर मे वीरगंज मे भव्य शोभायात्रा

वीरगंज १४ भादो

विश्व हिन्दु परिषद ५७ वाँ अन्तराष्ट्रिय स्थापना दिवस के अवसर मे श्री कृष्ण जन्माष्टमी धुमधाम के साथ वीरगंज मे मनवले बा । श्रीकृष्ण जन्माष्टमी के अवसर मे विश्व हिन्दु परिषद पर्सा वीरगंज मे भव्य रुप मे भगवान श्रीकृष्ण के शोभायात्रा निकवले बा ।

वीरगंज ८ गहवा से निकालल शोभायात्रा रेल्वे रोड होत विर्ता, अलखियामठ, आर्दशनगर, घडिअर्वा, माईस्थान, घण्टाघर होत फेनु गहवा के श्रीकृष्ण मन्दिर मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे । शोभायात्रा मे सहभागिलोग भगवान श्री कृष्ण जय जयकार के नारा तथा जय श्री राम, हर हर महादेव लगायत धार्मिक नारा लगावत उत्साहपूर्वक यात्रा पुरा कईले रहलन ।

शोभायात्रा पुरा भईला के बाद श्रीकृष्ण मन्दिर मे आयोजना कईल सभा के सम्बोधन करत विश्व हिन्दु परिषद के राष्ट्रिय महासचिव जितेन्द्र कुमार सिंह वीरगंज से निकालल शोभायात्रा हिन्दु धर्मावलम्बीलोग के खातिर ऐतिहासिक आ गर्भ के बात भईल बतवनी ।

हिन्दु अनेकन जातजाति मे बँटईला पर भी हमनी एकआपस के सहोदर दाजु भाई हि हई, कहत उ, ‘विश्व हिन्दु परिषद के दृष्टी मे कउनो भी समुदाय छोटा बडका नईखन सब सम्मान रुप मे रहला से आपन धर्म संस्कृति जोगावे खातिर सभी हिन्दु समाज एकजुट होखेके पडि ।’ बैद्धिक सनातन धर्म अईसन धर्म ह, जहाँ हमनी माई के पुजा करेनी, ‘नेपाल एगो अईसन पवित्र भुमि ह जहाँ हमनी कन्या के पुजा करेनी महासचिव सिंह कहनी, विश्व के ऐतिहासिक चिनारी भी ह एकर संमरक्षण करे खातिर हमनी के कर्तव्य रहला से सभी हिन्दु समाज एकजुट होके सनातन धर्म के रक्षा करेके पडि ।’

वार्ड नम्बर ८ के वार्ड अध्यक्ष राजकिशोर साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे विश्व हिन्दु परिषद नेपाल के जिल्ला अध्यक्ष ओम प्रकाश साह, जिल्ला सचिव कृष्ण मोहन सहाय, वीरगंज महानगर अध्यक्ष बृजेश मल्लिक, जिल्ला सदस्य मोहन पटेल, अजय सिंह लगायत स्थानिय के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।

परिषद के कार्यालय उदघाटन

वीरगंज मे विश्व हिन्दु परिषद नेपाल के कार्यालय भी उदघाटन कईल बा । वीरगंज गहवास्थित भिमसेन मन्दिर अगाडी रहल परिषद के कार्यालय विश्व हिन्दु परिषद नेपाल के राष्ट्रिय महासचिव जितेन्द्र कुमार सिंह विधिवत रुप मे पुजापाठ करके उदघाटन कईले बाडन ।

कार्जक्रम मे हिन्दु स्वयंसेवक संघ के राष्ट्रिय प्रचारक बेद प्रकाश जी, संघ के जनकपुर सम्भाहक रन्जीत साह, परिषद के युवा कार्यकर्ता अमन साह, सागर सर्राफ, राज सोनी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।