पर्सा मे स्मार्ट लकडाउन, स्वास्थ्य मापदण्ड पालना ना भईला प्रशासन कारबाही करी

वीरगंज १७ भादो

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा स्मार्ट लकडाउन सम्बन्धी कार्यविधि २०७८ के पालना मे गम्भीर होखे खातिर निहोरा कईले बा । कोभिड–१९ के संक्रमण जिल्ला मे घटला सँगे स्वास्थ्य मापदण्ड पालना भईल छोडला से प्रशासन सर्वसाधारण, स्थानीय तह लगायत सरोकारवाला के ओईसन आदेश देहले बा ।

जिल्ला प्रशासन कोरोना के जोखिम के ध्यान मे राखके वीरगंज स्थित इनर्वा नाका बाहेक के भारत से जिल्ला प्रवेश करेवाला आउर नाका ससे सीमा आरीपाछि आवागमन मे रोक लगावल जनावल गईल बा । वीरगंज इनर्वा सीमा नाका से भी विदेशी नागरिक के हक मे प्रवेश निषेध कईल बा ।

नेपाल प्रवेश करेवाला नेपाली नागरिक भी जरुरी स्वास्थ्य जाँच आ प्रक्रिया पुगाके स्थानीय तह से तोकल आइसेलेसन सेन्टर भा होम आइसोलेसन मे अनिवार्य रहेके सूचना मे उल्लेख बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरेद्वारा जारी सूचना मे कहल गईल बा, ‘सर्वसाधारण नागरिक, सरकारी, सार्वजनिक, गैरसरकारी एवं निजी कार्यालय, निकाय, संघ–संस्थासब सेवा प्रवाह, पेशा व्यवसाय सञ्चालन लगायत के कार्य कईला पर स्वास्थ्य सुरक्षा के मापदण्ड अनिवार्य रुप मे पलना करे÷करावेके, अनावश्यक रुप मे भीडभाड करेके, सभा–जुलुस करेके, जात्रा महोत्सव, भोजभतेर जईसन कार्य ना करेके, ना करावेके साथे चाडपर्व मनईला पर न्यून सहभागिता मे सांकेतिक रुप मे मनावेके, विद्यालय सञ्चालन सम्बन्धित स्थानीय तहसब से हि कोभिड– संक्रमण जोखिम नियन्त्रण के खातिर स्मार्ट लकडाउन सम्बन्धी कार्यविधि २०७८ के मापदण्ड मुताविक स्वास्थ्य मापदण्ड के पालना करत डीसीएमसी के समन्वयमा करे करावेके ।’

स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड लगायत आउर निर्देशन पालना भईल ना भईल अनुगमन करे खातिर सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी के संयोजकत्व मे रहल अनुगमन समिति आ सुरक्षा निकाय से नियमित करेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी घिमिरे जानकारी देहनी ।

‘आदेश आ मापदण्डसब पालना भईल ना भईल अनुगमन कईल जाई । अनुगमन कईला पर ऐन कानून के मापदण्ड पालना ना भईल मिलला पर कारबाही कईल जाई,’ उ कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।