ठोरी–३ शिकारिबास मे हाथी के आतंक बढल, जनजिवन कष्टकर

मेघराज राय
जिराभवानी ३१ जेठ
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ शिकारिबास मे जङ्ग्ली हाथि से आतङ्क मचावे लागला के बाद स्थानिय के जनजिवन कष्टकर बनल बा ।
बितल लम्हर समय से चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज से जङ्गली हाथी आके चईते धान मे भी नोक्सानी पुगावे लागल बा । कउनो समय सँझिया के सुर्य डुबे से पहिले हाथी धान बालि मे निकलेके आ सबेरे के सुर्य उगला के बाद हाथी लगेके चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के जङ्गल ओरी जाए लागत रहे ।
ई समय कुछ दिन के बाद मात्र चईते धान काट के लियावे के समय मे जङ्गली हाथि एक हप्ता पहिले से हि आतङ्क मचवले बा । अईसे हाथी आतङ्क मचावे लागल आ बाली खईला के साथे, हईच के नोक्सान करे लागला के बाद कृषकलोग आपन आपन धान बाली जोगावे खातिर रात भर धान बाली मे मचान मे होहल्ला करके तथा लुकार बारके भईला पर भी जाग्रम रहेके बध्याता रहल बा ।
बितल रात भी स्थानिय कृषक पलट आ भगन चौधरी के धान बाली हाथी खईला के साथे हईच के नोक्सान कईल बा ।
एहितरे बाहर गाँव मे दैनिक उपभोग्य बस्तुसब खरिद करे तथा काम विशेष से गईला पर दिनके हि रास्ता मे हाथी भेटाईल रहे । इहाँ के स्थानिय बासिलोग आर्थिक, भौतीक आ मानव क्षती भी समय समय मे सहत आईल बाडन ।





