वीउवासंघद्वारा स्वास्थ्य समिती विस्तार

वीरगंज २६ भादो

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ प्रचलित विधान बमोजिम स्वास्थ्य समिति विस्तार कईले बा ।

संघ अन्तरगत स्वास्थ्य समिति के संयोजक मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के कार्यसमिति सदस्य सुमन क्याल के मनोनयन कईले बा ।

समिति विस्तार कार्जक्रम मे संघ के अध्यक्ष सुबोधकुमार गुप्ता पोखरिया अस्पताल के व्यस्थित करे खातिर एगो भ्रमण टोली बनाके पोखरिया अस्पताल के अवलोकण करेके आ जरुरी सुधार करेके पडला पर ई समिति से पहल करेके बतवनी । उ लईकालइकीसब के लगावेवाला टिका (खोप) नारायणी अस्पलात के मात्र ना देवे खातिर आउर अस्पतालसब के भी उपलब्ध करावे खातिर ई समिति से पहल करेके बतवनी ।

अध्यक्ष गुप्ता बच्चासब के टिका (खोप) के खातिर जिल्ला जनस्वास्थ्य से समन्वय करके आउर अस्पतालसब के भी उपलब्ध करावे खातिर पहल करेके बिचार रखले रहनी ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के कार्यसमिति सदस्य सुमन क्याल संयोजक मे गठित समिति के सदस्यलोग मे नरेश टिवडेवाल, डा.नितिन तुल्स्यान, डा.सास्वत प्रसाद, डा.जेपी जैसवाल, शिवराज गौतम आ सुशिल खेतान के मनोनयन कईल अध्यक्ष गुप्ता बतवनी । स्वास्थ्य क्षेत्र मे समग्र उद्देश्य पूरा करेमे सहजता आवेके विश्वास लेहल भी बतवनी ।

कार्जक्रम मे संघ के बरिष्ठ उपाध्यक्ष अनिल अग्रवाल, उपाध्यक्ष माधव राजपाल लगायत के सहभागीता ॐरहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।