बिपिसी कलेजद्धारा स्वागत एवं सम्मान कार्जक्रम

वीरगंज १२ कुवार

वीरगंज पब्लिक कलेज (बिपिसी) आजु एगो कार्जक्रम के बिच स्वागत तथा सम्मान पुरा कईले बा । किलास ११ मे भर्ना भईल विद्यार्थीलोग के अध्ययन मे उत्प्रेरित करेके अभिप्राय से आयोजना कईल स्वागत तथा सम्मान कार्जक्रम मे आजु २ जने के सम्मान कईल बा ।

कलेज के प्रबन्ध निर्देशक प्राध्यापक डाक्टर दिपक शाक्य के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे सामाजिक क्षेत्र मे योगदान देहल कहत वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई आ बिपिसी कलेज मे पढ के स्थापित भईल हिमाल आईरन के निर्देशक फिरोज आलम के सम्मान पत्रद्वारा सम्मान कईल रहे ।

सम्मान कार्जक्रम के सम्बोधन करत युवा अभियानता चौगाई शिक्षण सिकाई के समय मे सामाजिक काम के भी निरन्तरता देवेके बात मे जोड देहनी । कार्जक्रम मे सञ्चारकर्मी उमेश दुबे, दिपक चौरसिया, रंजित चौरसिया, दिपेन्द्र गिरी लगायत के भी माया के चिन्हो सहित सम्मान कईल गईल रहे ।

कार्जक्रम मे नेपा युवा उद्यमी मञ्च वीरगंज के अध्यक्ष अनुप अग्रवाल सरकारी जागिर मात्र ना होके दोसर के भी रोजगार देवेके अभिप्राय से व्यवसाय सञ्चालन करके भी सफल होखे सकेके बिचार रखनी । कार्जक्रम मे एन आई सी बैंक के पुजा खेतान, ज्ेसिस वीरगंज के पूर्व अध्यक्ष सन्तोष खनाल लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।