पर्सा मे जुवाखाल से १२ जने जुवाडी पकडईलें

वीरगंज ०५ कातिक
पुलीस पर्सागढी नगरपालिका से १२ जने जुवाडे के पकडले बा ।
पर्सागढी नगरपालिका–९ बरेवास्थित नन्दलाल दास के गाईगोठ मे जुवातास खेल रहल अवस्था मे अस्थायी प्रहरी पोष्ट मनवा आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय से खटल टोली १२ जने के पकडल जनवले बा ।
पकडाएवाला मे पर्सागढी नगरपालिका–३ के ३० बरीस के कोशिया ठाकुर, पर्सागढी नगरपालिका–३ के २६ बरीस के बिरेन्द्र सहनी, पर्सागढी नगलपालिका ३ के २९ बरीस के सुरेश साह, पर्सागढी नगरपालिका–१ के २४ बरीस के गोवर्धन राम, पर्सागढी नगरपालिका–२ के ३६ बरीस के मोतिलाल चौधरी आ सखुवापर्सौनी गाँवपालिका–१ के ३२ बरीस के प्रमोद ओझैया रहल बाडन ।
एहितरे सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका–१ के ३४ बरीस के दिनेश दास थारु, सखुवा प्रसौनी –१ के ३६ बरीस के राकेश ख्वास थारु, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका–१ के २५ बरीस के ज्वाला गिरी, जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–७ के ३० बरीस के नन्दु मुखिया, जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–७ के २२ बरीस के प्रमोद राउत आ सिम्रौनगढ नगरपालिका–१ के २५ बरीस के अनिल जयसवाल रहल पुलीस जनवले बा ।
उलोग के साथ से पुलीस १ लाख ७१ हजार नगद आ १७ बुक तास बरामद कईले बा । पकडाईललोग के सार्वजनिक हित, स्वास्थ्य, सुरक्षा, सुविधा आ नैतिकता बिरूद्ध के कसूर (जुवा) अन्तर्गत अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक एवं प्रवक्ता ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।





