एसिडपीडित मुस्कान खातुन के प्रदेश–२ सरकार फेनु ५ लाख सहजोग कईलख

जनकपुरधाम ९ कातिक
दु बरीस पहिले एसिड आक्रमण मे परल वीरगंज के मुस्कान खातुन के प्रदेश २ सरकार दुसरका बेर पाँच लाख रोेपेया सहजोग करेके निर्णय कईले बा ।
एकरा से पहिले भी प्रदेश २ सरकार खातुन के पाँच लाख रोपेया सहजोग कईले रहे ।
प्रदेश मन्त्रिपरिषद के मंगर के दिने बईठल बईठक से खातुन के आउर ५ लाख रोपेया सहजोग करेके निर्णय कईले बा । खातुन के ईलाज जारी रहला से उनका के सहजोग करेके निर्णय भईल मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय जनवले बा । एकरा से पहिले वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय २ लाख आ नगर प्रमुख विजय सरावगी के तलब भत्ता से एक लाख करके जम्मा ३ लाख रोपेया खातुन के ईलाज के खातिर देहल गईल रहे ।
एहितरे, खातुन के ईलाज के खातिर संघीय सरकार भी रु ३ लाख सहजोग उपलब्ध करवले रहे ।
वीरगंज ४ स्थित गणेशमान चोक मे २० भादो, २०७६ मे दु युवक मुस्कान उपर एसिड प्रहार कईले रहलन ।
एकरा से पहिले जनकपुरधाम के एसिडपीडित आरती साह के भी प्रदेश २ सरकार ५ लाख रोपेया सहजोग कईले रहे ।






