३ गो स्कूल मे बिधायक रामकिसोर यादव लइकीलोग के साईकिल बँटनी

मेवालाल यादव
रौतहट १२ कातिक
प्रदेश २ सरकार के प्रदेश सांसद तथा रौतहट जिल्ला के बिधायक रामकिसोर राय यादव गृह जिल्ला रौतहट मे आजु शुक के दिने लइकीलागेके साइकिल बँटले बानी ।
जनता समाजवादी पार्टी के उपेन्द्र यादव समुह के प्रभावशाली नेता भी रहल प्रदेश सांसद यादव “प्रदेश २ सरकार के मुख्यमन्त्री बेटी पढाउ बेटी बचाउ” कार्जक्रम अन्तर्गत लइकीलोग के साईकिल बँटले बान ि।
कोरोना भाइरस के मध्य नजर करत भाइरस से बँचे खातिर अपनावेवाला सभी स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड अपनावेके साथे सामाजिक दुरी भी कायम राखत प्रदेश सांसद यादव अलग अलग कार्जक्रम के बीच रौतहट के विद्यालय मे किलास ९ मे पढेवाली सयो लइकीलोग के साइकिल बँटले बानी ।
इशनाथ नगरपालिका के श्री माध्यमिक विद्यालय लक्ष्मिनिया जटहारा, श्री माध्यमिक बिधालय मठिया, श्री माध्यमिक बिधालय डुमरिया के आयोजना मे इशनाथ नगरपालिका के टोल के अनेकन आधारभुत विद्यालय मे अध्ययनरत लइकीलोग के साइकिल देहले बानी ।
विद्यालय के प्राङ्गण मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे साइकल वितरण करत प्रदेश सांसद तथा बिधायक रामकिसोर यादव ई कार्जक्रम से दुर दुर से विद्यालय आवेवाला लइकीलोग के सहज होखेके विश्वास व्यक्त कईनी ।
प्रदेश सरकार बेटी पढाउ, बेटी बचाउ कार्जक्रम अन्तर्गत शिक्षा विमा, महिला मैत्री शौचालय के निर्माण जईसन कार्जक्रमसब के अगाडि बढाके जनानी सशक्तिकरण मे प्रदेश के अग्रपङ्ति मे राखेके सोंच लेहल बतवले बानी ।
विद्यालय मे लइकीलोग के पढाई उपर आकर्षित करेके उद्देश्य से प्रदेश सरकार बेटी बचाउ बेटी पढाउ कार्जक्रम लियावल उ बतवनी । महिला शिक्षा विना प्रदेश समृद्ध होखे ना सकेके यथार्थ के बुझ के प्रदेश सरकार एक के बाद दोसर कार्जक्रम लियावे लागल उ बतवनी ।
उ प्रदेश सरकार से बेटीलोग के शिक्षित बनावेके मात्र ना होके सरकारी सेवा मे भी ५० प्रतिशत आरक्षण के व्यवस्था कईल भी बतवनी । उ कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि प्रदेश सांसद तथा बिधायक रामकिसोर यादव, जसपा के प्रदेश सदस्य, मुस्लिम संघ के प्रदेश सदस्य तथा मुस्लिम संघ के रौतहट जिल्ला के इन्चार्ज मो.अनवर हासमी, प्रदेश सदस्य शेख कलाम, बिशिस्ट अतिथि इसनाथ नगरपालिका के नगर प्रमुख सन्तोष मेहता, बेटि पढाउ बेटि बचाउ के जिल्ला संयोजक महिला नेत्री सोभा साह, पुर्व भुपु मुखिया सेख जहरुल, श्री माध्यमिक बिधालय के प्र.अ. लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






