प्रसौनी मे निःशुल्क आँखा तथा दात चकेजाँच शिविर

वीरगंज १३ कातिक

समुदाय प्रहरी साझेदारी कार्जक्रम अन्तर्गत इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी के आयोजना मे आजु निःशुल्क आँखा तथा दात चकेजाँच शिविर पुरा भईल बा ।

शिविर मे जनानी आ पुरुष करके १२० जने के आँखा तथा दात चेकजाँच कईला मे उ मेसे ५३ जने के मोतियाबिन्दु भईल आ उलोग के निःशुल्क अपरेसन करेके समुदायिक आँखा अस्पताल वीरगंज के चिकिस्तक डाक्टर महेश सिंह धामी जानकारी देहनी । शिविर के प्रमुख अतिथी बारा जिल्ला के प्रहरी उपरीक्षक दीपेन्द्र शाही अईसन सराहनीय काक कईला मे धन्यवाद देहले रहनी ।

इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी इहा के स्थनियालोग के मन जितत अगाडि बढत गईल आ आवेवाला दिन मे भी अईसन किसिम के लोकप्रिय कार्जक्रमसब करेके विश्वास व्यक्त कईनी । एहितरे नेपाली कांग्रेस तरुण दल के बारा अध्यक्ष लोकेश सिंह प्रहरी संगठन बहुते हि सराहनीय काम कईला मे खुशी व्यक्त कईनी । उ ई काम मे आम जन्ता आ पुलीस बीच सुमधुर सम्बन्ध कायम भईल आ स्वास्थ्य के क्षेत्र मे बडका सफलता हासिल कईल बतवनी ।

इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी के प्रहरी निरीक्षक विन्देश्वर यादव के अध्यक्षता मे भईल शिविर मे बारा जिल्ला के डीएसपी गौतम मिश्र, प्रहरी संगठन के कर्मचारी, चिकित्सक के टोली मे महेश सिंह धामी, प्रियंका साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।