पर्सा के जिराभवानी में पतोह के पिटाइ से सास के मौत

पर्सा के जिराभवानी में पतोह के पिटाइ से सास के मौत

पर्सा ९ चैत

पर्सा जिला के जिराभवानी गाँवपालिका–१ पिपरा टोला में एगो दिल दहला देवे वाला घटना सामने आइल बा। ५५ साल के सायदा श्रीवास्तव के उनकर खुद के पतोह द्वारा कुटपिट कइल जाए के कारण आज दुपहर में मौत हो गइल, पुलिस जानकारी देले बडन।

ई मामला में पुलिस मृतका के पतोह २६ साल के पिंकी देवी आ उनका साथ रहे वाली १६ साल के गायत्री कुमारी के हिरासत में ले लिहले बा।

इलाका पुलिस कार्यालय पटेर्वा सुगौली एह घटना के गहिराई से जांच करत बा। प्रहरी निरीक्षक समुन्नत अधिकारी के अनुसार, आगे के कानूनी प्रक्रिया जारी बा।

गाँव के लोगन के कहना बा कि सास आ पतोह के बीच लमहर समय से झगड़ा चलत रहल, आ उहे विवाद आज एतना बड़ा हादसा में बदल गइल।

मृतका के लाश पोस्टमार्टम खातिर वीरगंज केनारायणी अस्पतालभेजल गइल बा। पुलिस अब पूरा मामला के छानबीन में जुटल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।