एक महिना ना बितते सशस्त्र पुलीस १० करोड के अवैध सामान पकडलख

वीरगंज १४ कातिक
नेपाल आ भारत से होखेवाला चोरी पैठारी नियन्त्रण के खातिर खटल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर बाहिनी के टोली एक महिना ना बितते करिब १० करोड बराबर के मालसमान पकडेमे सफल भईल जनावल गईल बा ।
प्रदेश नम्बर २ मे रहल पर्सा, बारा, रौतहट, सर्लाही, महोतरी, धनुषा, सिरहा आ सप्तरी करके आठ गो जिल्लासब से एक महिना ना बितते १० करोड बराबर के मालसमान नियन्त्रण मे लेहल गईल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल जनवले बा ।
सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर बाहिनी के प्रमुख के रुप मे डिआईजी गणेश ठाडा मगर के आवते मातर सशस्त्र प्रहरी बितल आर्थिक बरीस से ई पालि के आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे करिब दोब्बर राजस्व छलि के मालसमान नियन्त्रण मे लेवेमे सफल भईल बतावल गईल बा । डिआईजी गणेश ठाडा मगर के ठाडो निर्देशन से सीमानाका से होखेवाला अवैध कारोवारसब मे कमी आवेके बिश्वास लेहल गईल बा । सीमा सुरक्षा के साथे सीमा होत होखेवाला राजस्व छलि नियन्त्रण के खातिर खटल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल के टोली ई आर्थिक बरीस मे कईल काम सराहनीय रहल तुलनात्मक विवरण से स्पष्ट कईले बा ।
एने सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर बाहिनी के प्रमुख डिआईजी गणेश ठाडा मगर आपन कार्यकाल मे कउनो किसिम के अवैध क्रियाकलाप करेवाला गिरोह के बढावा ना देवेके बतवनी । नेपाल आ भारत के सीमा नाका खुल्ला भइला के चलते अवैध तरिका से आयात निर्यात होखेवाला काम के पूर्ण रुप से ठप्प करे ना सकेके भईला पर भी आपन प्रयास न्यूनिकरण करेमे कउनो कसर बाकी ना राखेके डिआईजी मगर बतवनी ।
नेपाली नागरिक के हैसियत से सीमा सुरक्षा के साथे अवैध क्रियाकलाप के न्यूनिकरण कईल हमनी सभी के दायीत्व रहला के चलते हमनी सभी नेपाली नागरिक एमे बिशेष ध्यान देवेके डिआईजी मगर बतवनी । सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल के प्रमुख जिम्मेवारी सीमा सुरक्षा रहला के चलते एमे ना चुके खातिर आपन मातहात के कर्मचारी के निर्देशन भी देहल उ बतवनी ।
सीमा मे खटल सुरक्षाकर्मीलोग के चलते नेपाल सरकार के राजस्व मे भी वृद्धि भईल बा । नेपाल सरकार के लक्ष्य से ई आर्थिक बरीस के एक महिना ना बितते करीब ४ अरब से बेसी राजस्व संकलन भईल सशस्त्र प्रहरी श्रोत जनवले बा । श्रोत से जनावल मुताविक ई आर्थिक बरीस के कुवार महिना के ११ गते से कातिक के ११ गते तक कुल २० अरब बराबर के राजस्व संकलन भईल बतवनी ।






