वीरगंज मे धिकल अलकत्रा से जरके २ जने घायल

वीरगंज २२ कातिक
वीरगंज मे धिकल अलकत्रा से जरके दु जने घायल भईल बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका–३ छपकैया के ३८ बरीस के महम्मद रेयाज मिया आ ३९ बरीस के सैमुल्लाह मिया मन्सुरी घायल भईल बाडन । घायल मेसे दुनु पैताला आ हाथ मे अलकत्रा से जरल सैमुल्लाह के नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
रेयाज एतवार के रात हि डिस्चार्ज भईल बाडन । उनकर भी पैताला आ काँख मे अलकत्रा से जरल बा ।
अबगे पिंच कईल सडक मे चलला पर उलोग गिरके अलकत्रा से जरल बाडन भा दोसर केहु अलकत्रा बिगल कहके पुलीस पुष्टि करे नईखे सकल । यद्यपि अबगे पिंच भईल सडक मे उलोग चल रहल समय ठेकदार के प्रतिनिधिलोग से विवाद भईल पुलीस पुष्टि कईले बा ।
पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी ओमप्रकाश खनाल अबगे पिंच कईल सडक मे मोटरसाइकल से गिरके उलोग घायल भईल जानकारी खुद के मिलल बतवनी ।
‘अबगे पिंच कईल सडक मे दारु पिके दु जने गिरके घायल भईल कहके जानकारी आईल रहे, अभी धिकल अलकत्रा गिरावल कहके बात भी सुनत बानी’ कहत उ ‘लिखित उजुरी आईल नईखे ।’
ठेकेदार से अलकत्रा बिगल घायल के आरोप
घायललोग ठेकेदार पक्ष धिकल अलकत्रा बिगल आरोप लगवले बाडन । घायल रेयाज मिया के मुताविक एतवार के रात सवा १० बजे घर ओरी जा रहल समय ठेकदार के सहजोगीलोग जाए ना देहेम कहके अलकत्रा बिगले बाडन ।
ठेकदार आशुतोष चतुर्वेदी अबगे पिंच कईल सडक मे जाएके रोकल आ खुदसब जाए लागला के बाद धिकल अलकत्रा देह पर बिगल उ बतवनी ।
‘ठेकेदार से बातचीत होत रहे, कामदारलोग भी विवाद करे अईलन । ऊ (ठेकेदार) साथी ह कहला पर काथि के साथी ? कहके आउर विवाद कईलन’, रेयाज कहनी, ‘ठेकेदार चतुर्वेदी हि पिंच हमनी के देहपर बिगले बाडन, टोल के आदमी भी देखले बाडन ।’






