कलैया रमाईलो मेला के समय स्थानियलोग बढावे ना देहलें

प्रभु यादव
बारा २३ कातिक
बारा के कलैया मे कातिक ११ गते से २२ गते तक चलल रमाईलो मेला के समय आयोजक पाँच दिन थप करे के चाहला पर स्थानियलोग समय बढावे नईखन देहले ।
मेला लगावे से पहिले प्रचार मे स्थानिय के उत्पादन सहित के स्टल रही कह के लगावल मेला मे मधेश के संस्कृती विगाडे के काम कईल कहत समय ना बढे देहलख । नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी केन्द्र के नेता कलैया ४ के डाक्टर सुशील साह स्थानिय जवान लोग के साथ मेला के मुल गेट मे पुग के रमाईलो मेला मुर्दावाद समय अवधी बढावे ना मिली, संस्कृति विगाडे ना मिली, अश्लील गित बजा के नाच करावे ना मिली कहत नारा लगावत विरोध कईले रहल ।
मेला लगावल ठिक हवे माकिर संस्कृति विगाडल ना निमन भईल नेता साह जनकारी करावले बानी । ११ दिन मे मेला मे अश्लील गित के अलावा कवनो सभ्यता भईल गित ना बजावल गईल ना गावल गईल जवना से समाज मे परम्परा से आईल सभ्यता मे आच आवेवाला काम भईल साह सिकायत कईले बानी । अभि हमनी के समाज मे दसहरा, सोहरईया, दियरीवाती आ छठ पवनी के सभ्य आउरी संसकारीक गित सब रहल जवना मे से कवनो गित ना बाजला से समाज मे रहल बुद्धीजिवी सब के आपत्ती भईल आ जवान लोग के विरोध भईल साह जनकारी करावले बानी ।
हरेक दिन मेला मे लडाई झगडा होते आरहल जवना से समाज मे बिकृती बढल साह जनकारी करावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष जटाशकर सहनी मेला लगावे समय मे बहुते निमन काम कईल जायेके कहले रहे माकिर ना निमन काम कईल आ अश्लील गित बजा के गावल नाचल सिकायत आईल त गेट मे रहल बाईनर हटावे मे बाध्य भईल रहनी जनकारी करावले बानी ।
मेला के समय बढावेला जनकारी आईल जवना के आपना ओर से अशिविकार कईले बानी सहनी जनकारी करावले बानी । बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्ण बहादुर कटवाल मेला मे विकृती बढल समुदाय से सिकायत आईल बा ओकरा के कदर कर के मेला के समय ना बढावे के आ बन्द करे के मेला समिति केजनकारी करावल गईल जनकारी करावले बानी ।






