नेकपा माओवादी केन्द्र के महाधिवेशन लक्षित बईठक

प्रभु यादव

बारा २७ कातिक

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी केन्द्र बारा के जिल्ला समन्वय समिती के प्रथम बईठक सम्पन्न भईल बा ।

नेकपा माओबादी केन्द्र के आवेवाला महाअधिबेशन के लक्षित कर के माओवादी केन्द्र बारा जिल्ला समन्वय समिति के बईठक कलैया उपमहानगरपालिका मे सम्पन्न भईल रमेश साह जनकारी करावले बानी । बईठक मे १६ पालिका के रिपोर्टिङ कईले रहलन ।

समन्वय समिति के बईठक से आवेवाला महाअधिबेशन मे टोल, वार्ड, पालिका आ जिल्ला के कईसे ब्यवस्थापन कर के शुद्धिरण संगे सफल बनावे के बारा जिल्ला इन्चार्ज तथा केन्द्रिय सदस्य गोपाल ठाकुर निर्देशन दिहल आउरी जिल्ला समन्वय समिति के सदस्य आबिद हुसैन अंसारी जानकारी करावले बानी ।

जिल्ला समन्वय समिति प्रथम बईठक जिल्ला समन्वय समिती अध्यक्ष तथा प्रदेश कमिटी क्षेत्र बहादुर श्रेष्ठ (अनिल) भईल जवना मे प्रदेश कमिटी के जयराम दहाल, शिवचन्द्र कुश्वाहा, हरि प्रसाद चौलागाईं, देबेन्द्र पराजुली, तपेश्वर चौधरी, गिता कडेल, राजन पौडेल, प्रभु यादव, रबिराज दंगाल लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

प्रथम जिल्ला अधिबेशन ८० जने के जिल्ला समन्वय समिती सदस्य के नामावली प्रस्तुत कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।